- बिहार: प्रशांत किशोर पs बोलले सीएम नीतीश, सभकर आपन अधिकार, हमरा उनका से दोसर तरे के संबंध।
- बिहार: पशुपति पारस के आरोप, हमरा पs भइल हमला के पीछे चिराग पासवान के हाथ, केंद्रीय मंत्री कहले- हमार सुरक्षा बढ़ावल जाव।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के सात जिलन में फेर से भइल मास्क अनिवार्य, दिल्ली में 15 दीं में 500 % बढ़ल कोरोना।
- उत्तर प्रदेश: डिप्टी सीएम से शिकायत पs दरज भइल मुकदमा: उर्सला अस्पताल में दलालन के सक्रिय होखला के बात खुलल, डीजी हेल्थ करिहे जांच।
- झारखंड: गढ़वा के प्रियंका के ग्रैंड प्रिक्स कुश्ती चैम्पियनशिप में मिलल कांस्य।
- दिल्ली हिंसा: बड़हन कारवाई, VHP-बजरंग दल पs FIR, जिला सेवा प्रमुख गिरफ्तार, बिना अनुमति के निकलल रहे शोभायात्रा।
- कांग्रेस: जान फूंके के PK के फॉर्मूला- बिहार-यूपी में एकला चलो, महाराष्ट्र-बंगाल में गठबंधन करs।
- रूस-यूक्रेन युद्ध: यूक्रेन बार्डर के लगे लउकल पुतिन के न्यूक्लियर बॉम्बर TU-160, डोनेस्ट्क में 24 घंटा में 9 बेर रूसी हमला, 2 लोग के मौत।
- आशीष मिश्रा के जमानत रद्द, राकेश टिकेत बोलले- कोर्ट के पावरे से देस ठीक से चलेला।
- आईपीएल: आज राजस्थान आ कोलकाता के मुकाबला।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।