[the_ad_group id="30365"]

Tomato Price: नेपाल से आ रहल बा पांच टन टमाटर, NCCF कहलस- काल से यूपी में ₹50/किग्रा के भाव पs होइ बिक्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सहकारी निकाय एनसीसीएफ बुधवार के कहलस कि पड़ोसी देश नेपाल से आयात भईल करीब पांच टन टमाटर जल्दिए भारत पहुंच जाई अवुरी उत्तर प्रदेश में खुदरा बिक्री गुरुवार से 50 रुपया प्रति किलो के सब्सिडी दर से होई।

भारतीय राष्ट्रीय सहकारी उपभोक्ता महासंघ लिमिटेड नेपाल से दस टन टमाटर आयात करे के ठेका पs हस्ताक्षर कईले बा ।

एनसीसीएफ केंद्र सरकार के ओर से टमाटर के आयात के संगे घरेलू खरीद अवुरी सब्सिडी वाला दर पs खुदरा बिक्री करत उपभोक्ता के जादे दाम से राहत मिलता। टमाटर के खुदरा बिक्री में हस्तक्षेप केंद्रीय उपभोक्ता मंत्रालय के निर्देश पs कईल जाता।

एनसीसीएफ के प्रबंध निदेशक एनिस जोसेफ चंद्रा पीटीआई से कहले कि, हमनी के नेपाल से 10 टन टमाटर आयात करे के ठेका लेले बानी। एहमें से काल्हु उत्तर प्रदेश में 3-4 टन बाँटल गइल। करीब 5 टन टमाटर रास्ता में बा अवुरी काल्ह उत्तर प्रदेश में सब्सिडी दर पs एकर खुदरा बिक्री होई।

उ आगे कहले कि आयातित टमाटर के शेल्फ लाइफ कम होखे के चलते भारत के अवुरी हिस्सा में ना बेचल जा सकता। उत्तर प्रदेश में चुनिंदा जगह पs स्थिर दोकान के संगे मोबाइल वैन के माध्यम से आयातित अवुरी स्थानीय खरीद दुनो टमाटर के बिक्री होखता।

उ कहले कि दिल्ली-एनसीआर अवुरी राजस्थान में देश के प्रमुख उत्पादक राज्य से खरीदल टमाटर के 50 रुपया प्रति किलो के रियायत दर पs बेचल जाता।

नेपाल से टमाटर के आगे के आयात के बारे में पूछला पs जोसेफ चंद्रा कहले कि, कुछ राज्य के मंडी में घरेलू आवक शुरू होखला के चलते नेपाल से आयात धीरे-धीरे होई।’ नाया फसल के आगमन थोक मंडी अवुरी दाम भी नीचे आ रहल बा।

सरकारी आंकड़ा के मुताबिक टमाटर के अखिल भारतीय औसत थोक दाम 15 अगस्त के घट के 88.22 रुपया प्रति किलो हो गईल, जवन कि एक महीना पहिले 97.56 रुपया प्रति किलो रहे।

एही तरे टमाटर के अखिल भारतीय औसत खुदरा दाम घट के 107.87 रुपिया प्रति किलो हो गइल जवन एक महीना पहिले 118.7 रुपिया प्रति किलो रहे। बता दी कि प्रमुख खरीद केंद्रन में भारी बरखा के चलते टमाटर के दाम पs दबाव बढ़ गइल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]