[the_ad_group id="30365"]

आज के दिन विशेष स्मरणीय …भारत दुनिया के छठवां संपन्न ताकतवर परमाणु देश बनल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पोखरण प्रथम भारत में 18 मई 1974 के पहिला परमाणु परीक्षण रहे। एह परीक्षण के नाम ऑपरेशन स्माइलिंग बुद्धा (Operation Smiling Buddha) राखल गइल। एह परीक्षण के तब के वैश्विक राजनीतिक परिदृश्य में एगो बड़हन कदम मानल गइल आ ई भारत के इतिहास के एगो छोट कहानी से भी जुड़ल बा जवना के बुद्ध के एगो खास प्रतिक्रिया से भी प्रासंगिकता बा। इतिहास में 18 मई के दिन भारत के परमाणु शक्ति आ क्षमता से जुड़ल बा। साल 1974 के आजु के दिन भारत राजस्थान के पोखरण में आपन पहिला भूमिगत परमाणु परीक्षण कईलस। एह परीक्षण के नाम ‘स्माइलिंग बुद्धा’ राखल गइल। ई पहिला बेर भइल जब संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के पाँच गो स्थायी सदस्य देशन के अलावे कवनो दोसर देश परमाणु परीक्षण करे के हिम्मत कइलस। एह से भारत दुनिया के परमाणु समृद्ध देशन के लाइन में आ गइल।

कहल जाला कि एह परीक्षण के प्रस्तावना साल 1972 में लिखल गइल रहे, जब तत्कालीन प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी भाभा परमाणु अनुसंधान केंद्र के दौरा कइले रहली। कुछ शब्दन में कहल जाव त ऊ ओहिजा के वैज्ञानिकन के परमाणु परीक्षण खातिर एगो संयंत्र बनावे के अनुमति दे दिहलन। एकर परीक्षण दु साल बाद 18 मई 1974 के भईल। संक्षेप में कहल जाव त एह दिन भारत दुनिया के छठवाँ परमाणु संपन्न देश बन गइल रहे। भारत के ताकत खातिर ई दिन यादगार बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]