दाग-धब्बा से पावल चाहत बानी छुटकारा, तs किचन में रखल एह 2 चीजन के मिक्स कs लगाई

Share

का रउवा रसोई में राखल अयीसन दुगो चीज़ के बारे में जानतानी, जवन कि आपके स्वास्थ्य के संगे आपके त्वचा खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता? अगर ना, तs आपके जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि दही अवुरी हल्दी दुनो में पावल जाए वाला सभ पोषक तत्व, दुनो प्राकृतिक चीज़, त्वचा से जुड़ल बहुत समस्या के दूर करे में कारगर साबित हो सकता।

फेस पैक कईसे बनावल जाला?

सबसे पहिले एक कटोरी में आधा चम्मच हल्दी अवुरी दु चम्मच दही ले लीं। अब एह दुनु चीज के बढ़िया से मिला के चिकना पेस्ट तइयार करे के पड़ी. आईं हमनी के हल्दी अवुरी दही से बनल एs केमिकल फ्री फेस पैक के त्वचा के देखभाल के दिनचर्या में शामिल करे के सही तरीका के बारे में भी जानकारी लेवे के चाही।

एकर इस्तेमाल करे के सही तरीका

एह फेस पैक के अपना पूरा चेहरा अवुरी गर्दन के इलाका पs बढ़िया से लगाई। बेहतर रिजल्ट पावे खातिर एs फेस पैक के अपना त्वचा पs करीब 15 मिनट ले राखे के होई। 15-20 मिनट के बाद आप आपन चेहरा धो सकतानी। चेहरा धोवे के बाद आपके सकारात्मक प्रभाव अपने आप महसूस होखे लागी।

त्वचा खातिर एगो वरदान

पिंपल्स के समस्या से छुटकारा पावे खातीर एs फेस पैक के सप्ताह में एक-दु बेर इस्तेमाल कईल जा सकता। एकरा अलावे जदी आप अपना त्वचा के रंग में सुधार कईल चाहतानी तs एs फेस पैक के भी इस्तेमाल कs सकतानी। एह फेस पैक में पावल जाए वाला सभ औषधीय गुण त्वचा के संक्रमण के खतरा के कम करे में भी मददगार साबित हो सकता। हालांकि, एs फेस पैक के पूरा चेहरा पs लगावे से पहिले पैच टेस्ट कईल ना भूले के चाही।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बिना वजह उदास रहेला मन तs आजमाई इs 5 नुस्खा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-