सबेरे-सबेरे: बिना वजह उदास रहेला मन तs आजमाई इs 5 नुस्खा

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2025

कबो-कबो अइसन होला कि मन बिना कवनो खास कारण के उदास रहेला। हो सकता कि इs भावना सामान्य होखे, बाकिर जदी एकरा के अनदेखा कईल जाए तs एकरा से लंबा समय ले आपके मानसिक अवुरी

Share

कबो-कबो अइसन होला कि मन बिना कवनो खास कारण के उदास रहेला।

हो सकता कि इs भावना सामान्य होखे, बाकिर जदी एकरा के अनदेखा कईल जाए तs एकरा से लंबा समय ले आपके मानसिक अवुरी शारीरिक स्वास्थ्य पs असर पड़ सकता।

उदास महसूस कइल अक्सर तनाव, थकान भा दबल भावना के निशानी हो सकेला. अइसन समय में आपन ख्याल राखल बहुत जरूरी बा।

इहाँ 5 आसान अवुरी प्रभावी टिप्स दिहल बा जवन कि आपके हल्का अवुरी खुश महसूस करे में मदद कs सकता

मेडिटेशन


मेडिटेशन कइले से मन शांत होला आ नकारात्मक विचार दूर होला. नेगेटिव फील होले पs गहरा सांस ली. एसे तनाव कम होला. रोज 10 मिनट के ध्यान करीं

माहौल


कवनो पार्क भा बगइचा में जा के पेड़-पौधा, चिरई-चुरुंग आ ताजा हवा के आनंद लीं। धूप में कुछ समय बितावे से मूड में सुधार होखेला। प्रकृति के संगे समय बितावे से दिमाग में सकारात्मकता बढ़ जाला।

एक्सरसाइज


हल्का व्यायाम, योग, चाहे टहलल आपके मूड तुरंत सुधार सकता। नाचे भा कवनो अइसन गतिविधि में शामिल होखीं जवना से रउरा खुश होखीं. शारीरिक गतिविधि से शरीर में ‘फील-गुड’ हार्मोन (एन्डोर्फिन) बढ़ जाला।

लिखीं


आपन भावना अपना डायरी में लिखीं। एह प्रक्रिया से रउरा अपना स्थिति के समझे में मदद मिल सकेला आ एकर समाधान निकालल जा सकेला. लिखला से मन हल्का हो जाला।

बदलाव


अपना रोजमर्रा के दिनचर्या में कुछ बदलाव लेके आईं। कहीं नया जगहा जाई, नया चीज सीखीं, भा नया योजना बनाईं. बदलाव से नया ऊर्जा आ ताजगी आवेला.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.