टूटत-झड़त बाल खातीर घर पs बनाई इs हेयर पैक, मजबूत बन जाई बाल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2025

का रउवा जानत बानी कि करी के पत्ता आपके बाल के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता? करी के पत्ता में पावल जाए वाला सभ पोषक तत्व आपके स्वास्थ्य के संगे बाल पs भी

Share

का रउवा जानत बानी कि करी के पत्ता आपके बाल के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता? करी के पत्ता में पावल जाए वाला सभ पोषक तत्व आपके स्वास्थ्य के संगे बाल पs भी बहुत सकारात्मक प्रभाव डाल सकता। बाल गिरला के समस्या से उबरे खातीर करी पत्ता के इस्तेमाल के सही तरीका जानीं।

करी के पत्ता के पेस्ट बना लीं

करी पत्ता के पेस्ट बनावे खातिर 10 से 15 करी पत्ता के जरूरत पड़ी। सबसे पहिले करी के पत्ता के धो के बढ़िया से पीस के पेस्ट तैयार करीं। अब करी पत्ता के पेस्ट में दु चम्मच दही बढ़िया से मिलावे के पड़ी। पोषक तत्व से भरपूर एs हेयर पैक के आप अपना हेयर केयर रूटीन के हिस्सा बना सकतानी।

सही तरीका से इस्तेमाल

एs हेयर पैक के आपके बाल के जड़ पs बढ़िया से लगावे के होई। बेहतर रिजल्ट पावे खातिर एs केमिकल फ्री हेयर पैक के करीब आधा घंटा ले राखी। 30 मिनट के बाद आप बाल धो सकतानी। एह हेयर पैक के इस्तेमाल हफ्ता में एक-दु बेर कईल जा सकता। मात्र एक महीना के भीतर आपके सकारात्मक परिणाम अपने आप देखाई देवे लागी।

रउरा खाली फायदा मिली

एs हेयर पैक के इस्तेमाल से बाल गिरला के समस्या के कम कईल जा सकता। इs हेयर पैक आपके बाल के जड़ के मजबूत करे में कारगर साबित हो सकता। एकरा अलावे एs हेयर पैक के इस्तेमाल आपके बाल के प्राकृतिक रूप से करिया राखे खातीर भी कईल जा सकता। अगर आप अपना बाल के लंबा अवुरी मोट बनावल चाहतानी तs करी के पत्ता से बनल हेयर पैक के इस्तेमाल भी शुरू कs सकतानी।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.