[the_ad_group id="30365"]

TMC के आतंकी संगठन घोषित कइल जाव’, संदेशखाली में विदेशी हथियार मिलला पऽ ममता पऽ भड़कले सुवेंदु अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Suvendu Adhikari attack Mamata banerjee संदेशखाली में विदेशी हथियार मिलला के बाद भाजपा ममता पऽ निशाना सधले बा। सुवेंदु कहले कि बंगाल में आरडीएक्स जइसन विस्फोटक मिल रहल बा आ ओकर इस्तेमाल भयानक राष्ट्रविरोधी गतिविधियन में कइल जा रहलऽ बा। उऽ कहले कि तृणमूल कांग्रेस के आतंकवादी संगठन घोषित कर देवे के चाही आ ममता बनर्जी के गिरफ्तार कर लेवे के चाही।

पश्चिम बंगाल। Suvendu Adhikari attack Mamata banerjee संदेशखाली मामले के लेले भाजपा लगातार टीएमसी पऽ हमलावर करत बिया।संदेशखाली हिंसा आ महिला उत्पीड़न के मामला सामने अइला के बाद भाजपा बंगाल में कानून के राज खत्म होखे के बात कह रहल बिया। एही बीच संदेशखाली विदेशी हथियार मिलला के बाद भाजपा ममता पऽ निशाना साधले बिया।

बंगाल में होता राष्ट्रविरोधी गतिविधि

पश्चिम बंगाल विधानसभा के विपक्ष के नेता आ भाजपा नेता सुवेंदु अधिकारी कहले कि संदेशखाली में सीबीआई के रेड में मिलल सब हथियार विदेशी हऽ। उऽ कहले कि बंगाल में आरडीएक्स जइसन विस्फोटक मिल रहल बा आ एकर इस्तेमाल भयानक राष्ट्रविरोधी गतिविधियन में कइल जा रहल बा।

टीएमसी के आतंकी संगठन घोषित कइल जाव

सुवेंदु कहले कि ई कुल हथियारन के इस्तेमाल अंतरराष्ट्रीय आतंकवादियों द्वारा कइल जाला, बाकिर राज्य सरकार कुछ नइखे करत। उऽ कहले कि तृणमूल कांग्रेस के आतंकवादी संगठन घोषित कऽ देवे के चाही आ ममता बनर्जी के गिरफ्तार करे के चाही।

शाहजहां शेख के करीबी के घरे मिलल कई गो  हथियार

बता दी कि संदेशखाली में तृणमूल नेता शाहजहां शेख के करीबी के घरे सीबीआई रेड कइले रहे, जहां तलाशी के दौरान विदेशी हथियार आ भारी मात्रा में बम बरामद भइल। सूत्र बतवलस कि तलाशी के दौरान शाहजहां के करीबी के घर से 348 राउंड गोली, चार गो अत्याधुनिक विदेशी आग्नेयास्त्र, तीन गो देशी बंदूक, बम बनावे के मसाला समेत कई गो बम बरामद कइल गइल बा।

बाद में एनएसजी के कमांडो बंद घर आ ओकरा आसपास इजरायली रोबोट के सहायता से तलाशी अभियान चलवलस। एनएसजी बम निरोधक आ खोजी दस्त विस्फोटकन के सुरक्षित तरीका से एकत्रित कइला के बाद ओकरा के निष्क्रिय कर देलस।

साभार – जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]