उत्तर-प्रदेश चुनाव रिजल्ट : राकेश टिकैत के गढ़ो में बड़हन उलटफेर

Share

उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव के परिणाम की तस्वीर साफ़ हो गइल बा। प्रदेश में एक बेर फेर प्रचंड बहुमत के संगे योगी सरकार के वापसी होखे जा रहल बा। हालांकि यूपी के कुछ चर्चित सीट के परिमाण अभिन आ गइल। एही बीच चर्चित खतौली विधानसभा सीट के परिणामो आ गइल बा। इहो सीट बीजेपी के खाते में चल गइल बा। दरअसल, ई सीट किसान नेता राकेश टिकैत के गृहनगर में आवsला अउर उनकर ई गढ़ मानल जाला। मालूम ह कि राकेश टिकैत बीजेपी सरकार के खूब अलोचना करेने।

इस चुनाव में टिकैट बीजेपी के खिलाफ वोट मंगले रहनें। निर्वाचन आयोग के आधिकारिक वेबासाइट के मुताबिक खतौली विधानसभा सीट पs बीजेपी के विक्रम सिंह के 100651 वोट मिलल रहल, जबकि दूसरा नंबर पs रहल सपा-राजद गठबंधन के राजपाल सिंह सैनी के 84974 वोट मिलल बा।

 

साभार – हिन्दुस्तान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-