जदयू कार्यालय में गाड़ियन के आवाजाही बंद :प्रवक्ता के संगे-संगे पूर्व मंत्री के गाड़ी दफ्तर से बाहर, सीएम के जान से मारे के मिलल बा धमकी

Share

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा। एह थ्रेट के बाद जदयू सतर्क हो गइल बिया। एकरा बाद पार्टी कार्यालय में सुरक्षा के बढ़ा दिहल गइल बा।  पार्टी कार्यालय में गाड़ियन के एंट्री बंद कs दिहल गइल बा। प्रवक्ता के संगे-संगे पूर्व मंत्री तक के गाड़ी पार्टी कार्यालय के बाहर रखल जा रहल बा।

जदयू कार्यालय में एको गाड़ी के पार्किंग ना

जदयू कार्यालय में गाड़ियन के एंट्री बैन

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के संगे देस के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ केंद्रीय गृह मंत्री के जान से मारे के धमकियो दिहल गइल बा। एकरा बादे से जदयू कार्यालय में सुरक्षा के बढ़ा दिहल गइल बा। सीएम के मिलल थ्रेट के बाद जदयू कार्यालय में गाड़ियन के एंट्री बैन कर दिहल गइल बा। पार्टी प्रवक्ता होखस भा पूर्व मंत्री सभे के गाड़ियन के पार्टी कार्यालय के बाहर रखल जा रहल बा। गेट के लगही से सब गाड़ियन के घुमा दिहल जा रहल बा।

जदयू कार्यालय के अंदर गाड़ियन के एंट्री बैन

दिल्ली के बाहरी जिला पुलिस के आइल रहे थ्रेट की कॉल

देस के पीएम, केंद्रीय गृह मंत्री आ बिहार के मुख्यमंत्री के दिल्ली के बाहरी जिला पुलिस के फोन कॉल कs के ई थ्रेट दिहल गइल बा। एमे कॉल करे वालन द्वारा प्रधानमंत्री मोदी, अमित शाह आ नीतीश कुमार के जान से मारे के धमकी दिहल गइल। एह थ्रेट के बाद दिल्ली से लेके बिहार तक हड़कंप मच गइल बा। ओहिजा, दिल्ली पुलिस के टीम थ्रेट देवे वालन के पता लगावे में जुटल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-