[the_ad_group id="30365"]

खरीफ महा अभियान के लेके किसानन के कइल गइल जागरूक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रघुनाथपुर: खरीफ महा अभियान में सनिचर को कृषि विभाग द्वारा जागरूकता रथ प्रखंड के अलग – अलग हिस्सन में घूम के किसानन के जागरूक कइलस। एह दौरान जलवायु परिवर्तन आ  कम पानियो पs पैदावार देवे आला धान के बिया के बारे में बतावल गइल। रस के संगे-संगे किसानन के कृषि विभाग द्वारा जारी एगो बुकलेट बांटल गइल। वितरित कइल गइल जेमे किसानन से संबंधित खरीफ फसल के पैदावार का बारे में विधिवत जानकारी दिहल गइल रहे।

प्रखंड तकनीकी प्रबंधक सह प्रखंड कृषि पदाधिकारी सतीश कुमार के नेतृत्व में निकलल ई जागरूकता रथ प्रखंड के कइयन गो पंचायत में जाके लघु फिलि के माध्यम से लोगन के जागरुक कइलस। जागरूकता के जरिए दिहल जाये आला जानकारी प्राप्त करे ला किसान लो में बहुते उत्सुकता देखे के मिलल। लोग दर्जनन के संख्या में इकट्ठा होके जागरूकता रथ के द्वारा बतावल जाए आला बात के धेयान से सुनत रहे। धान के अलावे दलहन तिलहन आदि के बारे में कृषि तकनीकन के बतावल गइल।

कम लागत में बेसी पैदावार होखे, उचित खाद बीज, प्रखंड कृषि कार्यालय द्वारा किसान लो के दिहल जाये आला सुविधा आउर जानकारी, किसानन ला सरकार द्वारा चलावल जा रहल जन कल्याणकारी योजना, आदि का बारे में जागरूकता रथ के माध्यम से लोग के बतावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]