Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जेपी यूनिवर्सिटी : पीजी के सेकेंड आ थर्ड सेमेस्टर के परीक्षा शेड्यूल जारी, 8 मई से सुरू होई परीक्षा एग्जाम, लेट फाइन के संगे परीक्षा फॉर्म भरे के अंतिम तिथि आज ले

566

जेपी यूनिवर्सिटी पीजी के सेकंड आ थर्ड सेमेस्टर के परीक्षा के तिथि जारी कs देले बा। परीक्षा नियंत्रक डॉ. दिलीप कुमार बतवलें कि दुनो सत्र 2020-22 थर्ड सेमेस्टर आ 2021-23 सेकंड सेमेस्टर के परीक्षा एक संगे सुरू होई।

परीक्षा आठ मई से लेके 14 मई तक लिहल जाई। एकर विस्तृत शेड्यूल वेबसाइट पs अपलोड कइल जा चुकल बा। संगही संगे सब पीजी कॉलेज आ जेपीयू के पीजी विभाग के परीक्षा कार्यक्रम प्रकाशित करे के निरदेस दिहल गइल बा।

दु पाली में होई परीक्षा

सैद्धांतिक विषय के परीक्षा आठ मई से 14 मई के बीच लिहल जाई आ प्रैक्टिकल के परीक्षा 22 मई से 30 मई तक लिहल जाई। परीक्षा दु पालियन में लिहल जाई। इहां पहिला पाली में सेकेंड आ दूसरका पाली में थर्ड सेमेस्टर के परीक्षा लिहल जाई। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे के 9:00 बजे से 12:00 बजे तक आ दूसरका पाली के परीक्षा दिन के 2:00 बजे से लेकर 5:00 बजे के बीच लिहल जाई।

मालूम होखे कि आज 27 अप्रिल तक परीक्षा फॉर्म भरे के अंतिम तिथि बा। पहिले ई फॉर्म 25 अप्रिल ले भरल जाये के रहे। बाकिर लेट फाइन के संगे 27 अप्रिल तक भरल जाये के बा। फॉर्म भरला के बाद हार्ड कॉपी अपना कॉलेजो में जमा करे के होई।

805660cookie-checkजेपी यूनिवर्सिटी : पीजी के सेकेंड आ थर्ड सेमेस्टर के परीक्षा शेड्यूल जारी, 8 मई से सुरू होई परीक्षा एग्जाम, लेट फाइन के संगे परीक्षा फॉर्म भरे के अंतिम तिथि आज ले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.