Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

“एक-दू अंक कम रहित तs बढ़िया रहित”, चेहरा पs उगल बाल के लेके ट्रोलिंग के शिकार यूपी बोर्ड 10वीं के टॉपर मायूस

450

 

उत्तर प्रदेश के सीतापुर जिला के निवासी प्राची निगम यूपी बोर्ड के दसवीं परीक्षा में टॉप कइले बाड़ी। लाखों छात्र के पीछे छोड़ के सबसे जादा नंबर पावे वाली प्राची के चेहरा पs बाल उगला के चलते सोशल मीडिया पs ट्रोलिंग के सामना करे के पड़ल। एकरा चलते उs काफी उदास लउकत रहली। इहाँ तक कि उs कहली कि एक-दू अंक कम रहित तs बढ़िया रहित। हाई स्कूल के परीक्षा में प्राची 600 में से 591 अंक हासिल कs के टॉप कs लेले बाड़ी। उनकर पास प्रतिशत 98.50% बा।

दसवीं कक्षा में टॉप करे वाली प्राची निगम बात करत कहली कि हमरा शारीरिक बनावट के चलते वीडियो बहुत वायरल हो गईल। लोग कमेंट करे लागल कि उs कवन लईकी हई। चेहरा पs बहुत बाल बा। ओकरा चलते इहो ट्रेंडिंग पs आ गइल। शायद एक दू गो नंबर कम हो गइल रहित तs बढ़िया रहित कि ऊ टॉप ना अइती आ ​​अतना मशहूर ना भइल रहती। बाल खातिर हमरा के बहुत ट्रोल कईल गईल। प्राची आगे कहली कि, “हम नंबर वन पs अइला के बाद शायद पहिला बेर लोग देखल कि लईकिन के बाल भी होखेला। उनुका इs अजीब लागल होई अवुरी एहीसे अयीसन कमेंट्स कइले।”

प्राची निगम आगे कहली कि, “हालांकि बहुत निमन लोग इहो कमेंट्स कईले कि हार्मोनल रोग के चलते चेहरा पs बाल बा। जब हम देखनी कि लोग हमरा के ट्रोल करतारे तs एकरा से कवनो खास फर्क ना पड़ल, काहेंकी चेहरा के बारे में पहिलही से अफवाह रहे।” लोग के अयीसन कमेंट्स ना करे के चाहत रहे, हालांकि लोग अपना क्षमता के मुताबिक कमेंट्स करत बाड़े। अगर केहू दोसरा के कहेला तs निश्चित रूप से बुरा लागेला।”

हालही में जारी यूपी बोर्ड के दसवीं कक्षा के रिजल्ट में कुल 89.55 फीसदी विद्यार्थी पास भइल बाड़े। प्राची सीतापुर के बाल विद्या कॉलेज से पढ़ाई कइले बाड़ी। प्राची परीक्षा में टॉप कइला के बाद बहुते खुशी जतवले रहली। उ कहले रहली कि, “हम अपना सफलता के श्रेय अपना गुरु अवुरी माता-पिता के देवेनी।” उs भविष्य में इंजीनियरिंग के क्षेत्र में आपन कैरियर बनावल चाहत बाड़ी। प्राची के पिता नगर निगम में निर्माण कार्य के ठेकेदार के काम करेले। जबकि, प्राची के माई गृहिणी हई। उनुकर एगो छोट भाई-बहिन भी बाड़े, दुनो हाई स्कूल में पढ़ेले।

 

 

806210cookie-check“एक-दू अंक कम रहित तs बढ़िया रहित”, चेहरा पs उगल बाल के लेके ट्रोलिंग के शिकार यूपी बोर्ड 10वीं के टॉपर मायूस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.