[the_ad_group id="30365"]

summer season: गरमी के मौसम में शरीर में पानी के कमी से हो सकेला इs बीमारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

गरमी में रउआ शरीर में पानी के कमी कई बेर हो जाला। का रउआ कब्बो सोचले बानी कि आपके शरीर में केंतना पानी होला? शरीर के केतना पानी के जरूरत होला? आ फेर शरीर में पानी के कमी से कवन परेशानी के सामना करे के पड़ सकेला?

शरीर में केतना पानी के जरूरत होला?

कुल इंसान के शरीर के वजन अलग-अलग होला। सबके शरीर में पानी के जरूरतो अलग-अलग होला। शरीर के वजन के हिसाब से तय कइल जाला कि आपके केतना पानी पीए के चाहीं। 20 किलो के वजन के शरीर के 1 लीटर पानी के जरूरत होला। ओ हिसाब से देखल जाए त 70 किलो वजन के व्यक्ति के 3.5 लीटर पानी पिये के चाहीं। 80 किलो के वजन के व्यक्ति के 4 लीटर पानी पिये के चाहीं।

काहें होला शरीर में पानी के कमी?

जब गरमी तेज होला तs शरीर के जादा पानी के जरूरत होला। बेर-बेर पसीना अइले से, टॉयलेट गइले से चाहे काम के दौरान पानी कम पियले से शरीर में पानी के कमी हो जाला। अइसे में अगर बुखार होखे चाहे लूज मोशन आवत होखे तs शरीर बहुत बुरी तरह डिहाइड्रेट हो जाला। एह कारन से शरीर में जब पानी के कमी होखे वाला होला तs एकर लक्षन पहिलहीं से पता लागे लागेला। अइसन में कुछ उपाय से शरीर के दुरुस्त रखल जा सकेला।

कब, केतना आ कइसे पानी पीं

•सुबह उठके खाली पेट पानी पीं।

•खाना खइले के एक घंटा बाद चाहे पहिले पानी पीं।

•एक दिन में 8 से 10 गिलास पानी पीं।

•खडा होके पानी नाहीं पिये के चाहीं। एसे जोड़ (JOINTS) कमजोर हो जाला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]