Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: सुरंग खोदके चोर ट्रेन के इंजने कs दिहले पार, पुलिस अइसे कइलस पर्दाफाश

Train Engine: बिहार में चोर ट्रेन के इंजने के चुरावे खातिर बरौनी से मुजफ्फरपुर तक सुरंग खोद देले रहले सs। जवना के बाद चोर बरौनी के गरहरा यार्ड से रेल के एगो पूरा इंजने के गायब कs देले सs।

373

Bihar News: बिहार में चोरी के अइसे तs आइल दिने घटना देखे आ सुने के मिलेला। बाकिर बिहार पुलिस अबकी बेर एगो अइसन गिरोह के पर्दाफाश कइले बा जवन ट्रेन के इंजन चुरा ले जात रहे। हैरान करे वाला बात रहे कि एकरा खातिर चोर बकायदा सुरंग खोद रखले रहलें सs। पुलिस बतवलस कि चोर इंजन के चोरावे खातिर बरौनी से मुजफ्फरपुर तक सुरंगे खोद देले रह सs। एकरा बाद चोर बरौनी के गरहरा यार्ड से रेल के एगो पूरे इंजने के गायब कs देलेे सs।

पुलिस के ट्रेन के इंजन गायब होखे के खबर तब मिलल जब तीन लोगन को हिरासत में लिहल गइल। एह लोग से पूछताछ में मिलल जानकारी के आधार पs पुलिस मुजफ्फरपुर के प्रभात कॉलोनी इस्थित एगो कबाड़ के गोदाम से इंजन के पुर्जन के 13 बोरियन के बरामद कइलस। एह दौरान पुलिस कहलस कि हमनी यार्ड के लगे एगो सुरंग के पता लगवनी सs, जवना के माध्यम से चोर आवs सs आ इंजन के पुर्जन के चोरा लेत रहलें सs, फेर ओकरा के बोरियन में भरके ले जात रहले सs। एह सब के बावजूद रेलवे के अधिकारी एकरा से पूरा तरे अनजान रहे लो।

अइसन चोरन से पुलिसो रहे परेसान 

एकरा संगही पुलिस इहो स्वीकार कइलस कि चोरन के गिरोह बिहार में सक्रिय बा एह बात के खबर आवत रहे। हमनी के कुछ शिकायतो मिलल रहे जेमे सूचना मिलल रहे कि डीजल आ पुरान ट्रेनों के इंजन के चोर चुरा रहल बाड़े स। स्टील के पुलन के तोड़ रहल बाड़े स, एसे पुलिस परेसान रहे। बियफे के बिहार पुलिस आरोपियन के दबोच लेलस।

पहिलहू आइल रहे एह तरे के ममिला

एकरा पहिले हाले में खबर आइल रहे कि अररिया में फॉरबिसगंज के रानीगंज से जोड़े वाला पलटनिया पुल से चोर लोहा के कुछ एंगल आ पुल के दोसरा हिस्सन के चोरा लेले रहे। एह ममिला में पुलिस अज्ञात लोगन के खिलाफ ममिलो दर्ज कइले रहे। एकरा संगही बिहार के पूर्णिया में चोर प्रदर्शनी खातिर रखल गइल भाप वाला एगो पूरा विंटेज ट्रेन के इंजने के चोराके बेच देले सs। पुलिस बतवलस कि एह वारदात में एगो रेलवे इंजीनियरो सामिल रहे।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.