साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2022

बिहार: जिहाद खातिर अलकायदा बना रहल बा लईकियन के फौज; PFI के बाद नया विंग ITC एक्टिव, जिहादी मीडिया के सोसल मीडिया खातिर चाहीं ट्रांसलेटर्स। बिहार के स्पेशल ब्रांच अलर्ट खातिर लेटर जारी कइलस। बिहार:

Share

  1. बिहार: जिहाद खातिर अलकायदा बना रहल बा लईकियन के फौज; PFI के बाद नया विंग ITC एक्टिव, जिहादी मीडिया के सोसल मीडिया खातिर चाहीं ट्रांसलेटर्स। बिहार के स्पेशल ब्रांच अलर्ट खातिर लेटर जारी कइलस।
  2. बिहार: मां बोलल- बेटी के 35 टुकड़ा ना कs देव आमिर; बेगूसराय में नाबालिग के भगा ले गइल ट्यूशन टीचर; 5 दिन के बादो सुराग ना। दिल्ली के घटना इयाद कs के रो रहल बाड़ी माई। 4 साल से पढ़े खातिर आमिर किहां जात रहे बेटी।
  3. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के ऐलान, प्रदेश से बाहर भइले गुंडा – माफिया, चंड-मुंड अगिला चौराहा पs ढ़ेर होई लो। सुहाननगरी में तीन अरब से बेसी के योजनन के लोकार्पण आ शिलान्यास कइलें।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में बसपा के साथे गठबंधन के राह तलाश रहल बाड़ें ओवैसी, बोललें- मायावती देस के बहुत बड़ लीडर। जमके कइलें मायावती के तारीफ।
  5. झारखंड: झारखंड के चतरा में 5 लाख के नक्सली सहदेव यादव के घर पs चलल बुलडोजर, पुलिस कइलस कुर्की जब्ती। लमहर समय से फरार चल रहल बा नक्सली सहदेव यादव।
  6. समलैंगिक बियाह के मान्यता देवे के मांग: गे कपल SC पहुंचल। कोर्ट केंद्र से 4 हफ्ता में मंगलस जवाब। याचिका में स्पेशल मैरिज एक्ट के सेक्शन 4 के जिकीर।
  7. भाजपा के आरोप- राहुल के यात्रा में पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा: कांग्रेस बोलल- भाजपा के साजिश; CM-कहलें कारवाई होई। MP में भारत जोड़ो यात्रा के तीसरा दिन।
  8. महाराष्ट्र गवर्नर के मिलल उपमुख्यमंत्री के पत्नी के साथ: अमृता फडणवीस बोलली- राज्यपाल दिल से एगो मराठी मानुष। उद्धव बोलले रहस – राज्यपाल के रूप में भेजल गइल अमेजन पार्सल वापस लेवे केंद्र।
  9. यूक्रेन में अमेरिकी मिसाइल मिस कइलस टारगेट: रूस के रडार सिस्टम के तबाह करे के बजाय खुद के लोगन के कइलस जख्मी। तय टारगेट से चुकल।
  10. आखिरी 3 मिनट में जीतल ईरान: 90 मिनट तक स्कोर 0-0 रहे; एकस्ट्रा टाइम में 2 गोल कs के वेल्स के हरवलस। टूर्नामेंट के पहिला रेड कार्ड वेल्स के गोलकीपर वेन हैनसी के।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.