Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इ तीन गो अलग-अलग मास्क स्किन आ हेयर से जुड़ल कुल परेशानी के क दी छूमंतर, जानि बनावे के तरीका

693

 

 

त्वचा के देखभाल के टिप्स : आजु काल के भागदौड़ जीवन अवुरी बढ़त प्रदूषण के चलते लोग के चेहरा पs झुर्री कम उम्र से देखाई देवे लागल बा अवुरी माथा से बाल भी गायब होखे लागल बा। माथा पs महीन रेखा, करिया घेरा अवुरी आंख के नीचे के गड्ढा देखाई देवेला, जवना के चलते चेहरा हमेशा थकल देखाई देवेला। अयीसना में आजु हमनी के इहाँ अयीसन 3 मास्क के बारे में बतावे जा रहल बानी, जवना के रोज लगाईब त चेहरा पs ताजगी होई अवुरी बाल गिरला के समस्या भी कम हो जाई।

मुँहासा खातिर फेस मास्क

पहिलका मास्क

एकरा के बनावे खातिर दु चुटकी हरदी, एक चम्मच दही, अवुरी आधा चम्मच शहद के जरूरत होखेला। एह तीनों सामग्री के एक संगे मिला के चेहरा पs लगाई। एहसे मुँहासा के शिकार त्वचा अवुरी करिया धब्बा हल्का हो जाई।

दूसरका मास्क

इ मास्क बनावे खातिर एगो अंडा, 01 चम्मच आंवला पाउडर, 01 चम्मच मेथी पाउडर मिला के बाल पs लगाई। एहसे बाल गिरला के समस्या कम हो जाई अवुरी बाल करिया अवुरी मोट हो जाई।

तीसरका मास्क

एक चम्मच काबुली चना पीस के ओकरा में गुलाब के पानी डाल दीं। एकरा बाद चेहरा पs लगाई, अवुरी स्क्रबिंग करीं। एहसे चेहरा के चमक दुगुना हो जाई अवुरी मुँहासा के निशान भी हल्का हो जाई।

अस्वीकरण: ई लेख खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

592770cookie-checkइ तीन गो अलग-अलग मास्क स्किन आ हेयर से जुड़ल कुल परेशानी के क दी छूमंतर, जानि बनावे के तरीका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.