[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन में एह लोगन के मिल सकत बा किराया में छूट, जान लीं का हs रेलवे के नियम?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्रेन टिकट किराया में एक बेर फेर से वरिष्ठ नागरिकन (Senior Citizen) के 50 फीसदी के छूट मिल सकत बा। भारतीय रेलवे (Indian Railway) जल्दिये सीनियर सिटीजन्स के मिले वाला रियायत के बहाल कs सकत बा, जवना के कोरोना महामारी के दौरान बंद कs दिहल गइल रहे।

संसद के एगो समिति ट्रेन किराया में वरिष्ठ नागरिकन के दिहल जाये वाला छूट फेर से बहाल करे पs रेल मंत्रालय के विचार करे के आग्रह कइलें बिया। एमे स्लीपर क्लास, 3rd AC में वरिष्ठ नागरिकन के फेर से टिकट किराया में मिले वाला छूट के बहाल करे के मांग कइल गइल बा।

जदि रेल मंत्रालय एह अपील पs विचार करत बा तs सीनियर सिटिजन के एक बेर फेर से छूट मिल सकत बा। हालांकि, दिसंबर 2022 में रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव सपष्ट कइले रहस कि टिकट किराया में मिले वाला छूट के फिलहाल बहाल नइखे कइल जा सकत।  ऊ एकरा पीछे कारण बतवलें कि रेलवे के पेंशन आ वेतन बिल बहुत अधिक बा। रेलवे पs पहिले से खर्च के बोझ जादे बा।

53 फीसदी के मिलत रहे छूट

रेल मंत्रालय (Ministry Of Railways) के ओर से मिलल जानकारी के मोताबिक, ट्रेन में सफर करे वाला सब नागरिकन के किराया पs औसतन 53 फीसदी के डिस्काउंट मिलेला। एकरा संगही दिव्यांगजनन, स्टूडेंट्स आ मरीजन के एह छूट के अलावहू कइयन तरह के रियायत मिलेला। वरिष्ठ नागरिकन के पहिलहु एह तरे के छूट मिलत रहल रहे, बाकिर मार्च 2020 में कोरोना महामारी के दौरान एकरा के वापस ले लिहल गइल रहे। अब एकरा के फेर से बहाल करे के मांग उठ रहल बा।

सब ट्रेनन में मिलत रहे छूट 

रिपोर्ट के मोताबिक, समिति कहलस कि भारतीय रेलवे 60 बरिस भा ओकरा से जादे आयु के पुरुषन के किराया में 40 प्रतिशत के छूट देत रहे आ महिला लोगन खातिर न्यूनतम आयु 58 बरिस होखला पs 50 प्रतिशत के छूट दिहल जात रहे। रउआ के बता दीं कि रेल टिकट में वरिष्ठ नागरिकन के ई रियायत सब मेल, एक्सप्रेस, राजधानी, शताब्दी, दुरंतो ट्रेनन में मिलत रहे। ट्रेन टिकट के किराया में मिल रहल एह छूट के कोरोना काल के दौरान रेलवे वापस ले लेले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]