[the_ad_group id="30365"]

4 अक्टूबर के भइल रहे दुनिया के पहिला सैटेलाइट लॉन्च, पढ़ीं एकरा से जुड़ल बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

First Artificial Satellite: साल 1957, एगो अइसन साल जब दुनिया अंतरिक्ष के ओर एगो नया कदम बढ़वलस। 4 अक्टूबर, 1957 के सोवियत संघ इतिहास रचत आपन पहिला सैटेलाइट, स्पुतनिक-1 (Sputnik-1) के सफलतापूर्वक लॉन्च कइलस। इ घटना ना खाली अंतरिक्ष युग के शुरुआत कइलस, बल्कि अमेरिका आ सोवियत संघ के बीच अंतरिक्ष दौड़ के तेज कऽ देलस।

अइसन रहे पहिला सैटेलाइट

कजाखस्तान के बैकोनूर कॉस्मोड्रोम से लॉन्च कइल गइल Sputnik-1 एगो गोलाकार सैटेलाइट रहे, जवना के चार गो लंबा एंटीना रहे। इ मात्र 58 सेंटीमीटर व्यास के आ 84.6 किलोग्राम वजन के रहे, बाकिर इ दुनिया के अचंभा में डाल देलस। Sputnik-1 के मुख्य उद्देश्य पृथ्वी के कक्षा में एगो आर्टिफिशियल सैटेलाइट स्थापित कइल आ पृथ्वी के वायुमंडल के बारे में डेटा एकट्ठा कइल रहे। एमें कई गो उपकरण लागल रहे जवन पृथ्वी के वायुमंडल के तापमान, दबाव आ अउरी मापदंडों के मापत रहे।

तीन महीना बाद हो गइल रहे नष्ट

Sputnik-1 पृथ्वी के चारों ओर 1400 से अधिक चक्कर लगवलस। हालांकि, एकर बैटरी 26 अक्टूबर, 1957 के खत्म हो गइल आ लगभग तीन महीने ले संचालित होखला के बाद, इ पृथ्वी के वायुमंडल में प्रवेश करत घरी नष्ट हो गइल। बाकिर एह छोट अवधि में, स्पुतनिक-1 वैज्ञानिकन के पृथ्वी के वायुमंडल के बारे में अमूल्य जानकारी हासिल करे में मदद कइलस।

अमेरिको भइल अंतरिक्ष दौड़ में शामिल

Sputnik-1 की सफलता ने दुनिया भर में सनसनी फइला देलस। इ सोवियत संघ के वैज्ञानिक आ तकनीकी शक्ति के प्रतीक बन गइल। अमेरिका खातिर इ एगो बड़ा झटका रहे, काहेकि शीत युद्ध के दौरान दुनु देशन के बीच प्रतिस्पर्धा के माहौल रहे आ सोवियत संघ एह दौड़ में आगे निकल गया रहे। अमेरिका जलदिए आपन प्रतिक्रिया देलस आ 31 जनवरी, 1958 के आपन पहिला सैटेलाइट, एक्सप्लोरर-1 लॉन्च कइलस।

1975 में भारत कइलस पहिला सैटेलाइट लॉन्च

भारतो एह अंतरिक्ष दौड़ में आपन भागीदारी निभवलस आ 18 साल बाद 19 अप्रैल, 1975 के आपन पहिला सैटेलाइट, आर्यभट्ट के सोवियत संघ के कॉसमॉस रॉकेट से लॉन्च कइलस। आर्यभट्ट एगो दूर संवेदी सैटेलाइट रहे जवना के उपयोग पृथ्वी के संसाधनन के अध्ययन खातिर कइल गइल रहे।

स्पुतनिक-1 ना खाली अंतरिक्ष युग के शुरुआत कइलस, बलुक वैज्ञानिक अनुसंधान आ तकनीकी विकास खातिर एगो नया दरवाजा खोललस। आज, हजारन सैटेलाइट पृथ्वी के कक्षा में चक्कर लगा रहल बा आ हमनीं के संचार, मौसम पूर्वानुमान आ नेविगेशन जइसन कई सेवा दे रहल बाड़े। स्पुतनिक-1 के एह छोट उपलब्धि आजो हमनीं के प्रेरित करेला आ हम अंतरिक्ष के अनंत संभावना के ओर ले जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]