Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोहरा के बीच कसमसा के रह गइलें सूरज, सर्द बेयार में कांप रहल बानें गोरखपुरवासी

91

पहाड़ पर हो रहलबर्फबारी अउर पछुआ बेयार के वजह से बुध एह मौसम के सबसे ठंडा दिन रहल। एही वजह कारण एके सीजन के पहिला कोल्ड डे (शीत दिवस) भी दर्ज कइल गइल। समूचा दिन धुंध में लिपटल रहल। सूरज आसमान में अन्हरिया में जलत दीपक के तरे नजर आइल।

सर्द हवा के वजह से अधिकतम तापमान 17.6 डिग्री पर पहुंच गइल, जौन सामान्य से लगभग 4.5 डिग्री कम रहल। उहवें न्यूनतम तापमान 10 डिग्री से नीचे आइल अउर 9.8 डिग्री दर्ज कइल गइल। अधिकतम अउर न्यूनतम तापमान में गिरावट के वजह से पूरे दिन लोग कांपत देखल गइलें। एकर व्यापक असर जन जीवन पर देखल गइल। मौसम विशेषज्ञ लोग के अनुसार, अगिले चार-पांच दिन ले ठंड से राहत के आसार नाइ बा। रात के साथ-साथ दिन में भी कंपकंपी छूटत रहल।

मौसम विशेषज्ञ कैलाश पांडे बतवलें कि पश्चिमी विक्षोभ के सक्रिय होखले के वजह से ऊपरी हिमालय पर जम के बर्फबारी हो रहल बा। साथही पछुआ बेयार भी चल रहल बा, जेकरे वजह से मैदान में ठंड बढ़ गइल बा। मंगर के रात से जौन ठिठुरन बढ़ल, ऊ बुध रात ले बरकरार रहल। ऊपरी वायुमंडल के कोहरा से पूरा दिन सूरज बाहर नाइ निकल सकल। अगिले दू दिन में फिर से एगो पश्चिमी विक्षोभ के सक्रिय होखले के संभावना बा। एकरे वजह से पश्चिमी हिमालय पर फिर बर्फबारी होई। साथही पछुआ बेयार चली। अइसे में न खाली रात बलुक दिन में भी नगदे ठंड महसूस होई। न्यूनतम तापमान 7 डिग्री ले जा सकsता।

सड़क पर जल्दी पसर गइल सन्नाटा

ठंड बढ़ले के वजह से बुध के सुबह जहां सड़क-बाजार में देर से चहल-पहल शुरू भइल, उहवें देर साँझ नौ बजे ले ज्यादातर क्षेत्र में सन्नाटा पसर गइल। बाजार, रेस्त्रां, मॉल अउर खानपान के अड्डा पs ठंड के असर दिखाई पड़ल। लोग जरूरी काम से ही रात के घर से बाहर निकललें अउर जल्दी लौट गइलें।

पिछले बरिस में कुछ अइसन रहल दिसंबर में तापमान

वर्ष       तारीख      अधिकतम     न्यूनतम
2021    30           18.6          13
2020    19           15.6          5.1
2019     29          12.4          17.0
2018     28          21.0           4.6

चार घंटा देरी से आइल गोरखधाम एक्सप्रेस

कोहरे का प्रभाव कम होखले पs बुध के गोरखधाम एक्सप्रेस के छोड़ के दिल्ली से आवे वाला सब ट्रेन समय से पहुंचल। बठिंडा से चलल गोरखधाम एक्सप्रेस चार घंटे देरी से आइल। एह ट्रेन में पेंट्रीकार के न होखले से सफर करे वाले यात्रियन के नाश्ता-भोजन खातिर तरस जाए के पड़ल। उधर, स्टेशन परिसर अउर प्लेटफार्म पर सर्द बेयार के चलले से यात्री कांपत रहनें।

ब्लोअर अउर गीजर के मांग बढ़ल

ठंड बढ़ल त बुध के आम जनजीवन अस्त-व्यस्त हो गइल। लोग सर्दी से मुकाबला खातिर हीटर, ब्लोअर अउर गीजर के इंतजाम कइले में जुट गइलें। पूरे दिन इलेक्ट्रिक के दुकान पर हीटर अउर ब्लोअर के खरीदारी करत लोग देखल गइल। बाजार में ब्रांडेड के अलावा लोकल आइटम के भी दुकान पर भीड़ रहल। विजय चौक, रेती रोड, घंटाघर, गोलघर, राप्तीनगर, शाहपुर समेत आसपास के बाजार में इलेक्ट्रानिक अउर बिजली के दुकान पर लोग के भीड़ देखल गइल।

424600cookie-checkकोहरा के बीच कसमसा के रह गइलें सूरज, सर्द बेयार में कांप रहल बानें गोरखपुरवासी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.