सेंसेक्स में 300 अंक से जादे के गिरावट: ई 71,700 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा, IT आ बैंकिंग शेयर्स में जादे बिकवाली

शेयर बाजार में लउकल उछाल

Share

शेयर बाजार में सोमार (8 जनवरी) के गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 300 अंक से जादे के गिरावट के संगे 71,700 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, निफ्टियों में 100अंक से जादे के गिरावट बा, ई 21,600 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 18 में गिरावट आ 12 में तेजी देखे के मिल रहल बा। IT आ बैंकिंग शेयर्स में जादे कमजोरी बा।

एशियन कंक्रीट्स एंड सीमेंट्स के अधिग्रहण करी ACC सीमेंट

अडाणी ग्रुप के स्वामित्व वाली ACC सीमेंट एशियन कंक्रीट्स एंड सीमेंट्स प्राइवेट लिमिटेड के अधिग्रहण के घोषणा कइले बा। ACC 425.96 करोड़ रुपए में 55% हिस्सेदारी किनी। ACC सीमेंट के लगे पहिलही से एशियन कंक्रीट्स आ सीमेंट्स में 45% हिस्सेदारी बा आ अब एह सौदा से एकरा 100% इक्विटी मिल जाई।

बिहान से खुली ज्योति सीएनसी के IPO

ज्योति सीएनसी ऑटोमेशन लिमिटेड के इनिशियल पब्लिक ऑफरिंग माने IPO पब्लिक सब्सक्रिप्शन खातिर बिहान माने 9 जनवरी से खुली। रिटेल निवेशक एह IPO खातिर 11 जनवरी तक बोली लगा सकी लो। 16 जनवरी के बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) आ नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs कंपनी के शेयर लिस्ट होई। कंपनी एह इश्यू से 1,000 करोड़ रुपिया जुटावल चाहत बिया।

सुक के बाजार में रहल रहे तेजी

एकरा पहिले सुक (5 जनवरी) के शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 178 अंक के तेजी के संगे 72,026 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टियों में 52 अंक के तेजी रहल, ई 21,710 के स्तर पs बंद भइल रहे। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 15 में तेजी आ 15 में गिरावट देखे के मिलल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-