त्रैमासिक ई-पत्रिका गोरख पथ के दोसरका अंक के माननीय कुलपति के द्वारा विमोचन भइल

Share

महायोगी गुरु श्रीगोरक्षनाथ शोधपीठ के त्रैमासिक ई-पत्रिका गोरख पथ के द्वितीय वर्ष के पहिलका अंक के विमोचन प्रो. पूनम टण्डन, मा. कुलपति, दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर के द्वारा दिनांक 2 मई 2024 के भइल। कुलपति प्रो. पूनम टण्डन ने पिछला साल से लगातार प्रकाशित हो रहल एह पत्रिका के डिजाइन एवं कंटेन्ट के सराहना करत कहले कि शोधपीठ के गतिविधि समाज खातिर प्रेरक होखे के चाहि । शोधपीठ के उपनिदेशक डा. कुशलनाथ मिश्र बतवले कि शोधपीठ के शैक्षणिक एवं शोध गतिविधियों से युक्त एह पत्रिका नियमित रूप से विश्वविद्यालय एवं शोधपीठ के आधिकारिक वेबसाइट प प्रकाशित कइल जाला। एह अवसर प ई-पत्रिका के सम्पादक महायोगी गुरु श्रीगोरक्षनाथ शोधपीठ के उप निदेशक डा. कुशलनाथ मिश्र, सह सम्पादक शोधपीठ के सहायक निदेशक डा. सोनल सिंह, सहायक ग्रन्थालयी डा. मनोज कुमार द्विवेदी, रिसर्च एसोसिएट डा. सुनील कुमार एवं सम्पादन सहयोगी शोध अध्येता हर्षवर्धन सिंह उपस्थित रहले।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-