[the_ad_group id="30365"]

गिनीज बुक में शामिल बा यूपी के एह शहर के स्कूल, जउन बा दुनिया में सबसे बड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

हमनी के देश में अयीसन बहुत स्कूल बा जहां हजारों छात्र पढ़ेले, लेकिन आजु हमनी के एगो अयीसन स्कूल के बारे में बताईब जवन कि दुनिया के सबसे बड़ स्कूल ह। ई स्कूल लखनऊ में बा आ स्कूल के नाम सिटी मोंटेसरी स्कूल ह। आईं एह स्कूल के बारे में कुछ खास बात बतावत बानी जा।

साल 1959 में सिटी मोंटेसरी स्कूल में मात्र 5 छात्र पढ़त रहले। एह स्कूल के संस्थापक डॉ. जगदीश गांधी आ डॉ. भारती गांधी महज 300 रुपिया से एह स्कूल के शुरुआत कइले रहले आ आजु एह स्कूल में करीब 58 हजार विद्यार्थी पढ़त बाड़े।

स्कूल केतना बड़ बा?

एह स्कूल में 20 गो कैंपस आ 1000 कक्षा बा । एतने ना, स्कूल में शिक्षक के संख्या 4000 के आसपास बा अवुरी स्कूल में भी करीब 4500 कर्मचारी काम करेले। साल 2019 में एह स्कूल के नाम गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड में शामिल भइल आ एकरा के 58,000 छात्रन के संख्या में दुनिया के सबसे बड़ स्कूल मानल गइल। एतने ना, एह स्कूल के “यूनेस्को प्राइज फॉर पीस ” भी मिलल बा।

एह स्कूल के “यूनेस्को प्राइज फॉर पीस” मिलल 

साल 2002 में सीएमएस के ‘यूनेस्को प्राइज फॉर पीस’ के पुरस्कार भी मिलल बा। सीएमएस आईसीएसई बोर्ड से जुड़ल बा आ प्ले ग्रुप आ प्री-प्राइमरी स्कूल में उमिर के हिसाब से दाखिला देला। एतने ना, सितंबर 2015 में एजुकेशनल वर्ल्ड पत्रिका के ओर से इ स्कूल के भारत में 1st स्थान मिलल रहे। स्मार्ट क्लास अवुरी शिक्षण कार्यक्रम के संगे सिटी मोंटेसरी स्कूल शिक्षा के बेहतर तरीका से बच्चा खातीर सुलभ बना देले बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]