छपरा के मशरक में सांसद 300 दिव्यांगजनन के वितरित कइलें साइकिल: केंद्र सरकार के योजना के तहत भइल कार्यक्रम, कहलें- मोदी प्रत्येक भारतीय के खेयाल रखेलें 

Share

छपरा के मशरख में दिव्यांगजन के बीच उपकरण के वितरण कइल गइल। मंगर के मशरख प्रखंड कार्यालय में आयोजित कार्यक्रम में 300 दिव्यांगजनन के बीच ट्राई साइकिल के वितरण कइल गइल। एक संगे 300 के संख्या में ट्राई साइकिल पाके सब दिव्यांगजनन के चेहरा पs मुस्कराहट छा गइल। ट्राई साइकिल के वितरण महाराजगंज के भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल कइलें।

केंद्र सरकार के योजना के तहत प्रखंड आ आसपास के दिव्यांग जनन के चिह्नित करत ट्राई साइकिल सहित जरूरत के उपकरणन के वितरण कइल गइल। मंगर के दुपहरिया बाद सुरू भइल कार्यक्रम में वितरण के दौर देर सांझ तक चलत रहल।

एह अवसर पs महाराजगंज भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल उपस्थित लोगन के संबोधित करत कहलें कि ई योजना केंद्र सरकार के एगो महत्वाकांक्षी आ जन उपयोगी योजना हs। एकर प्रचार-प्रसार जेतना अधिका होई, ओतनही इहां के दिव्यांगन आ बुजुर्गन के लाभ पहुंची। ऊ कहलें कि ट्राई साइकिल से दिव्यांग अब आसानी से एक जगह से दूसरका जगह तक पहुंच सकत बा लो। कुछ दिव्यांग ट्राई साइकिल से वंचित रह गइल लो, ओह लोगन के जल्दिये ट्राई साइकिल उपलब्ध करावल जाई।

एह कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य दिव्यांग जनन के सशक्त बनावल बा। एकरा खातिर सरकार लगातार दिव्यांग जनन के हित में काम कर रहल बिया। ऊ कहलें कि मोदी सरकार के नव साल बेमिसाल के कामन के बदौलत आम जनन तक सारा सुविधा आ योजना पहुंच पा रहल बा। मोदी सब भारतीयन के खेयाल रखेलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-