[the_ad_group id="30365"]

महिला सशक्तिकरण लक्ष्य के लेके इनर व्हील के बैठक: छपरा में फइलाई जागरूकता, शिक्षा, स्वास्थ समेत कइयन मुद्दन पs एक साल के प्लान तइयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: छपरा के एगो निजी होटल में इनर व्हील क्लब ऑफ छपरा के बैठक आयोजित कइल गइल। एमे सब महिला सदस्य लोग भाग लिहल। इनर व्हील क्लब ऑफ छपरा के एग्जीक्यूटिव मेंबर के बैठक में 1 साल के प्लान के लक्ष्य के रूप में लेत भइल कार्य योजना संबंधित चरचा कइल गइल।

बुध के इनरव्हील क्लब के बैठक देर सांझ ले चलल। छपरा के सब एक्टिव मेंबर महिला लोगन द्वारा इनर व्हील क्लब में समाज के प्रति सुधार आ जागरूकता खातिर काम कइल जाला। नया अध्यक्ष आ सचिव बनला के बाद ई पहिला बैठक आयोजित कइल गइल रहे।

एक्सीक्यूटिव बॉडी के मीटिंग के बाद अध्यक्ष सरिता राय बतवली कि इनर व्हील क्लब ऑफ छपरा के नया सत्र के ई पहिला बैठक रहे। एग्जीक्यूटिव मेंबर द्वारा तमाम तरह के कार्ययोजना पs चरचा आ विचार विमर्श कइल गइल। सर्व सहमति के लक्ष्य के रूप में महीना आ साल के कामन के योजना बनावल गइल।

महिला सशक्तिकरण के मुख्य लक्ष्य रखत तमाम तरे के मुद्दा जइसे हेल्थ चेकअप एंड अवेयरनेस, शिक्षा, समाज से जुड़ल कार्यन पs काम कइल जाई। एह कार्यक्रम में सरिता राय, अपर्णा मिश्रा, रानी सिन्हा, किरण सहाय, शशि प्रभा, गायत्री आर्यनी, मधुलिका तिवारी, राखी सिंह आ वीणा शरण मुख्य रूप में सम्मिलित भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]