The kapil Sharma Show फेम अतुल परचुरे के 57 बरिस के उमिर में निधन

Atul purchure death

Share

मशहूर अभिनेता आ कॉमेडियन अतुल परचुरे अब हमनी के बीच ना रहलें। ऊ 57 बरिस के उमिर में एह दुनिया के अलविदा कहलें। सोमार के मुंबई में ऊ आपन अंतिम सांस लेलें। अतुल लमहर समय से कैंसर से जूझत रहलें। उनका गइला से भारतीय सिनेमा आ कॉमेडी जगत में एगो बड़ खालीपन आ गइल बा।

अपना कैंसर जर्नी के बारे में बतवले रहस

एक्टर अपना कैंसर के बीमारी के बारे में जुलाई 2023 में कन्फर्म करत कहले रहस कि अगस्त तक ठीक होके वापस से अपना काम में जुट जाएम, बाकिर नियति के कुछ अउरिये मंजूर रहे। फिलहाल अभी ले मौत के असली वजह पता नइखे चल पावल बा।

अतुल के करिअर

अतुल परचुरे के करिअर के बात करी तs ऊ कइयन गो लोकप्रिय मराठी नाटकन आ टीवी शो में काम कइले बाड़ें। ऊ नवरा माजा नवसाचा, स्टाइल, क्यों की मैं झूठ नहीं बोलता जइसन फिलिमो में काम कइले बाड़ें। ऊ आखिरी बार द कपिल शर्मा शो में सुमोना चक्रवर्ती के पिता के रूप में देखल गइल रहस्य।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-