[the_ad_group id="30365"]

कोलकाता के ऐतिहासिक अलीपुर जेल भइल संग्रहालय में तब्दील, स्वतंत्रता सेनानी लोग के समर्पित कइल गइल जेल के कमरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री ममता बनर्जी बुध के कोलकाता के ऐतिहासिक अलीपुर सुधार गृह में एगो संग्रहालय के उद्घाटन कइली अउरी स्वतंत्रता संग्राम में बंगाल के योगदान याद कइली। उ कहली कि अगर बंगाल ना होइत, त न त कौनो पुनर्जागरण होइत अउरी न ही स्वतंत्रता आंदोलन होइत।

अलीपुर सुधार गृह, अब अलीपुर संग्रहालय, एगो ऐतिहासिक स्थान ह जहां देश के पहिला प्रधान मंत्री जवाहरलाल नेहरू अउर नेताजी सुभाष चंद्र बोस, ऋषि अरबिंद अउरी बिधान चंद्र रॉय जइसन राष्ट्रीय प्रतीक नजरबंद रहलें अउरी कई स्वतंत्रता सेनानियन के फांसी पs चढ़ा दिहल गइल रहे।

ए अलीपुर सुधार गृह के जिक्र एगो बहुचर्चित किताब ‘गंगा रतन बिदेसी में भी बा जौन भोजपुरी के पहिला स्टोरीटेलिंग ऐप यायावरी वाया भोजपुरी पs ऑडियो बुक के रूप में उपलब्ध बा जेके रउआ ए ऐप पs सुन सकsतनी।

मुख्यमंत्री कहली कि जौने प्रकोष्ठन में स्वतंत्रता सेनानियन के रखल गइल रहे, ओके तख्ता के संगे संरक्षित कइल गइल बा जहां स्वतंत्रता सेनानियन के फांसी दीहल गइल रहे।

1906 में बनल 15.5 एकड़ में फइलल सुधार गृह में फांसी पर चढ़े वालन में दिनेश गुप्ता, प्रमोद रंजन चौधरी, अनंत हरि मित्रा अउरी दिनेश मजूमदार शामिल बानें। 2019 में, पश्चिम बंगाल सरकार सुधार गृह से कैदियन के दक्षिण 24 परगना के बरुईपुर में भेज देहलस, ताकि ओ स्थान के बहाल कइल जा सके, जौन शहर के बीचों-बीच स्थित बा।।

मुख्यमंत्री आशा कइली कि संग्रहालय “विरासत स्थल” अउर एगो महत्वपूर्ण पर्यटन स्थल बन जाई। एकरे खातिर राज्य सरकार उहां एगो कॉफी हाउस, रेस्टोरेंट अउरी एक फूड कियोस्क स्थापित कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]