[the_ad_group id="30365"]

अमिताभ बच्चन के पोती आराध्या बच्चन के मामला में हाईकोर्ट यूट्यूब के फटकार दिहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ऐश्वर्या राय बच्चन आ अभिषेक बच्चन के बेटी आराध्या बच्चन के स्वास्थ्य के लेके फर्जी जानकारी खातीर दिल्ली हाईकोर्ट में 2 यूट्यूब चैनल आ एगो वेबसाइट के खिलाफ याचिका दायर भईल। जवना पे आज सुनवाई भईल बा कोर्ट यूट्यूब के कड़ा फटकार देले बिया। रउरा सभे के बता दी कि आराध्या के स्वास्थ्य के बारे में कुछ फर्जी जानकारी यूट्यूब चैनल आ वेबसाइट पे देखावल जात रहे।

हाईकोर्ट के कहनाम बा कि हर बच्चा के इज्जत आ सम्मान के संगे व्यवहार करे के हकदार बा, चाहे उ कवनो सेलिब्रिटी के बच्चा होखे चाहे आम आदमी के। खासकर शारीरिक आ मानसिक स्वास्थ्य के संबंध में कवनो बच्चा के भ्रामक जानकारी के प्रसार कानून में पूरा तरीका से असहनीय बा।

youtube के फटकार

हाईकोर्ट यूट्यूब के डांटत कहलस कि एह मामिला में रउरा कवनो नीति काहे नइखे। जब रउरा के बतावल जाला कि एह तरह के यूट्यूब घूमत बा त का एह सब से निपटे के कवनो तरीका ना होखे के चाहीं? का अइसनका काम में रउरा कवनो जिम्मेदारी नइखे?

फेक न्यूज से परेशानी 

बता दीं कि बच्चन परिवार के ओर से दायर याचिका में कहल गईल रहे कि आराध्या अबे छोट बाड़ी आ इ सभ फेक न्यूज उनुका के परेशान क सकता। एह याचिका पे आजु दिल्ली हाईकोर्ट में जस्टिस सी हरिशंकर के एकल जज पीठ में सुनवाई भइल। बॉलीवुड स्टार किड्स में आराध्या सबसे लोकप्रिय स्टार किड हई। उनकर कवनो तस्वीर सामने आवत ही वायरल हो जाला। उनुका के नियमित रूप से उनुका महतारी ऐश्वर्या राय बच्चन के संगे देखल जाला। आराध्या स्टार जोड़ी अभिषेक बच्चन आ ऐश्वर्या राय बच्चन के एकलौती बेटी हई। अभिषेक आ ऐश्वर्या के बियाह एक साल तक डेट कईला के बाद साल 2007 में भईल रहे। जेकरा बाद इनकर बेटी आराध्या के जनम 16 नवंबर 2011 के भइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]