Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भादो में सता रहल बा जेठ वाली गरम : सितंबर में गरमी से राहत ना, भोर में हलुआ बरखा से मिलल आंशिक राहत

82
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। भादो के महीना में जहां आमतौर पs ठंडा हवा आ बरखा के आस होला, ओहिजा अबकी बेर गोरखपुर में सितंबरो चिलचिलात गरमी लेके आइल बा। अइसन लाग रहल बा जइसे जेठ के दुपहरी फेर लवट आइल बा। हालंकि, आज मंगर के भोर में भइल बूंदाबांदी से लोगन के आंशिक राहत जरूर मिलल बा।

आसमान में बादलन आ घाम के बीच लुका-छिपी के खेल चलता रहल, बाकिर बरखा के अभी ले कवनो नामोनिशान नइखे। ओइसे मंगर के भोरे  हलुका बूंदाबादी भइल। मौसम विभाग जरूर तनिका राहत के खबर देले बा, ओकर कहनाम बा कि दुपहरिया बाद हलुका बरखा हो सकत बा आ 30-40 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चले के संभावना बा। दिन के तापमान 33°C के आसपास बनल रही, जबकि रात के तापमान 25°C तक गिर सकत बा।

सांझ तक आंधी-बरखा के उम्मीद, बाकिर उमस से राहत ना 

मौसम विज्ञान विभाग के वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय बतवलें कि सांझ ले गोरखपुर आ आसपास के इलाकन में आंधी आ हलुका बरखा के अनुमान बा, जवना से मौसम में बदलाव के उम्मीद कइल जा रहल बा। बाकिर बढ़ल उमस के चलते, ई बारिश लोगन के जादे राहत ना दे पाई। तापमान 33°C के आसपास बनल रहे के संभावना बा आ उमस से हालात आउर बिगड़ सकत बा।

गोरखपुर के लोग गरमी से बेहाल, राहत के उम्मीद धूमिल

गोरखपुर में एह समय लोग उमस से बुरा तरे जूझ रहल बा। बरखा के आस लगा के बइठल लोग अब एह बदलत मौसम से खास राहत के उम्मीद नइखे कs पा रहल बा। सितंबर गरमी के ई आलम दिखा रहल बा कि आवे वाला दिनन में हालात सामान्य होखे में वक्त लागी। आंधी आ हलुका बरखा के बावजूद उमस के कहर जारी रही आ फिलहाल लोगन के एह बेचैनी से जल्दी राहत मिलत नजर नइखे आ रहल।

960870cookie-checkभादो में सता रहल बा जेठ वाली गरम : सितंबर में गरमी से राहत ना, भोर में हलुआ बरखा से मिलल आंशिक राहत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.