[the_ad_group id="30365"]

छपरा शहर के निचला इलाकन में घुसल बाढ़ के पानी, मचल हड़कंप

Chapra news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण जिला के विभिन्न नदी के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते शहर के निचला इलाका में बाढ़ के पानी घुस गइल बा। मंगर के सबेरे जब तक लोग आंख खोलले तब तक ओ लोग के घर में बाढ़ के पानी घुस गइल रहे।

जिला में गंगा, घाघरा आ गंडक नदी के जलस्तर लगातार बढ़ रहल बा। नदी के पानी के स्तर बढ़ला के चलते डोरीगंज के दियारा इलाका में बाढ़ के खतरा बढ़ रहल बा। छपरा शहर के निचला इलाका में बहुत घर में पानी घुसल बा। बुध के सबेरे सीधी घाट, नेताजी टोला धर्मशाला, रूपगंज के निचला इलाका, रावल टोला, नई बस्ती में बाढ़ के पानी घुस गइल।

शहर के निचला इलाका पूरा तरह से जलमग्न

एकरा चलते शहर के निचला इलाका पूरा तरीका से डूब गइल बा। बबन महतो, अशोक कुमार, अरुण कुमार, मिथिलेश कुमार, भोला महतो, जयनाथ महतो, धर्मनाथ महतो, महेन्द्र महतो, अरुण महतो आदि के घर में बाढ़ के पानी घुस गइल बा। इहाँ से लोग आपन सामान लेके एगो ऊँच जगह प शरण लेले बाड़े।

नाव पऽ सामान लाद के दोसरा जगे ले जात बाढ़ पीड़ित

धर्मशाला नई बस्ती के लोग नाव से आपन सामान लेके शहर के लगे सोनापट्टी आ अड्डा नंबर दु के नजदीक डेरा डाल देले बाड़े। नेवाजी टोला, धर्मनाथ धर्मशाला निवासी अशोक कुमार बतवले कि मंगर के सबेरे से घाघरा नदी के पानी धीरे-धीरे बढ़ता। अचानक रात में पानी तेजी से बढ़े लागल।

मंगर के सबेरे तक लोग के घर में पानी घुस गइल रहे।

मंगर के सबेरे तक लोग के घर में पानी घुस गइल। उल्लेखनीय बा कि नेवाजी टोला धर्मशाला, नेवाजी टोला नई बस्ती आदि के इलाका रिविलगंज प्रखंड पंचायत के अंतर्गत आवेला। दिलिया रहीमपुर पंचायत प्रमुख विशुन साह जिला प्रशासन से मांग कइले बाड़न कि एहिजा के लोग के सुरक्षित जगहा ले जाए के इंतजाम होखे के चाहीं। लोग के घर में बाढ़ के पानी घुसला के चलते घर में राखल अनाज आ सामान बर्बाद हो गइल बा।

खेत में पानी घुसला के चलते फसलो बर्बाद हो गइल बा। उऽ जिला प्रशासन से नाव के संगे-संगे शहर के निचला इलाका के लोग खातिर अनाज, तिरपाल आ खाना के इंतजाम करे के मांग कइले बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]