हाथी से दोस्ती कइल चाहत रहे लइकी, बाकीर गजराज सिखवलस अइसन सबक कि जिंदगी भर रही इयाद
जंगल में बहुत जानवर पावल जालें। बाकिर लोग हाथी के बहुते मस्ती करे वाला जानवर मानेला। हाथी के बहुत प्यारा जानवर मानल जाला। जइसे लोग कुकुर, बिलार आ घोड़ा के पालतू जानवर के रूप में रखेला ओसही कुछ लोग हाथी के भी दोस्त बना के रखेला। हाथी एगो शांत जानवर हs, लेकिन कबो-कबो एकर मूड भी खराब हो जाला। आ जब हाथी के मूड खराब होखे तs ओकरा लगे जाए के सोचे के ना चाहीं। हाथी खिसियाइल बा आ रउरा ओकरा लगे जाइब तs ऊ कुछुओ कs सकेला। अगर रउवा एह बात के बढ़िया से समझे के बा तs एक बेर वायरल होखे वाला वीडियो देखीं।
वायरल वीडियो
Girl tries to make friends with an elephant and finds out pic.twitter.com/DD5jGR6qjk
— non aesthetic things (@PicturesFoIder) February 21, 2024
सोशल मीडिया पs वायरल होखेवाला वीडियो में आप देख सकतानी कि जंगल में कहीं हाथी आपन खाना खा रहल बा। हाथी के देख के एगो लईकी जाके ओकरा लगे खड़ा हो जाले। हाथी के अपना लगे आवत लईकी पसंद ना आईल। हाथी उनका के आवत देख के धक्का दे दिहलस। एकरा तुरंत बाद लईकी गिर जाले। एकरा बाद लईकी एक पल खातिर भी उहाँ ना रहेले अवुरी उठ के भागे लागेले।
ई वीडियो माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफार्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs @PicturesFoIder नाम के एगो पेज से शेयर कइल गइल बा। वीडियो के संगे कैप्शन में लिखल बा कि, ‘लईकी हाथी से दोस्ती कईल चाहत रहे अवुरी ओकरा कष्ट उठावे के पड़ल।’ खबर लिखे के समय ले ए वीडियो के 2.38 करोड़ लोग देख चुकल बाड़े। वीडियो देखला के बाद एगो यूजर लिखले- हाथी अयीसन प्रतिक्रिया काहें दिहलस? एगो अउरी यूजर लिखले बाड़ी – अगर अगिला बेर अइसन कुछ होखे तs ऊ हेलमेट बिल्कुल ना उतारस। तीसरा यूजर लिखले बा – ऊ हाथी सोचले होई कि ऊ ओकरा के मूंगफली खातिर भड़कावत बिया।
Comments are closed.