भेड़न के बीचे फंसल कुत्ता के चालाकी देख आनंद महिंद्रा भइले इम्प्रेस, Video शेयर कs लोगन कs दिहले मोटिवेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 19, 2024

  सोशल मीडिया पs बहुत सक्रिय देश के जानल मानल उद्योगपति आनंद महिंद्रा सोमार मोटिवेशन के तर्ज पs अपना फॉलोअर्स के संगे एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े। जवना में उs जनता के जीवन के एगो

Share

 

सोशल मीडिया पs बहुत सक्रिय देश के जानल मानल उद्योगपति आनंद महिंद्रा सोमार मोटिवेशन के तर्ज पs अपना फॉलोअर्स के संगे एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े। जवना में उs जनता के जीवन के एगो बड़ बुनियादी मंत्र देले बाड़े। सोशल मीडिया पs उनकर ई पोस्ट तेजी से वायरल हो रहल बा आ तेजी से लोग के ध्यान अपना ओर खींचे में लागल बा। वीडियो के भी खूब लाइक हो रहल बा।

वीडियो में देखल जा सकता कि भेड़ के झुंड भारी संख्या में खड़ा बा। एही बीच रास्ता में खड़ा भेड़न के झुंड पs कूद के एगो कुकुर जल्दी से ऊपर पs पहुँच जाला। कुकुर के अयीसन करत देख के भेड़ भी सक्रिय हो जाले अवुरी उहो आगे बढ़ेले। एह वीडियो के शेयर करत घरी आनंद महिंद्रा कैप्शन में लिखले बाड़न – आपन रास्ता खुद बनाईं, दोसरो लोग राउर पीछे चली ।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.