Video: सादी में खाना के अइसन इंतजाम देख के मेहमान रह गइले दंग

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2024

मेहमानन खातिर अनोखा भोजन के व्यवस्था : लोग कवनो सादी के खास आ यादगार बनावे खातिर का कुछ ना करेला। केहू डेस्टिनेशन सादी के योजना बनावेला तs कुछ लोग सादी में अनोखा आ गजब के

Share

मेहमानन खातिर अनोखा भोजन के व्यवस्था : लोग कवनो सादी के खास आ यादगार बनावे खातिर का कुछ ना करेला। केहू डेस्टिनेशन सादी के योजना बनावेला तs कुछ लोग सादी में अनोखा आ गजब के इंतजाम से लोग के दिल जीत लेला। एकरा खातिर कुछ लोग पानी निहन पईसा खर्च करे से ना हटेले। कुछ अयीसन बियाह अक्सर इंटरनेट पs चर्चा में रहेला। हाल ही में अइसने एगो शादी के वीडियो आजुकाल्हु सोशल मीडिया पs लोग के ध्यान अपना ओर खींचे में लागल बा जवना के देख के रउरा भी स्तब्ध रह जाईब। वायरल होखे वाला एह वीडियो में मेहमानन खातिर सिंहासन के डिजाइन वाला शाही कुर्सी लगावल गइल बा जवना पs मेहमान शाही अंदाज में परोसल खाना के स्वाद लेत लउकत बाड़े।

ई देख के अंदाजा लगावल जा सकेला कि सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs वायरल होखे वाला ई वीडियो में रउआ देखब कि मेहमानन खातिर सिंहासन डिजाइन वाला शाही कुर्सी लगावल गइल बा। एतने ना, जवना स्टैंड पs मेहमान थाली के संगे खात बाड़े, एह खास विडियो में इs सोना के रंग के कुर्सी अवुरी मोर के आकार के थाली राखे खातीर इs स्टैंड निश्चित रूप से आश्चर्यजनक बा, जवन कि देखे में भी बहुत सुंदर बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.