[the_ad_group id="30365"]

गाड़ियन के फर्जी पंजीकरण प्रमाणपत्र बनावे वाला गिरोह के पर्दाफाश, कई दिन से रहल तलाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिला में फर्जी तरीका से ड्राइविंग लाइसेंस अउरी गाड़ियन के पंजीकरण प्रमाणपत्र सहित अन्य सरकारी कागजात बनावे वाले गिरोह के पुलिस पर्दाफाश कइलें बा। गिरोह के तीन सदस्य के पुलिस  गिरफ्तार कs लेहले बा।

मंगलवार के पुलिस लाइंस में एसपी धवल जायसवाल कार्रवाई के जानकारी देहलें। उ बतवलें कि साइबर सेल, तरयासुजान अउरी तमकुहीराज थाना के पुलिस के टीम ने फर्जी तरीका से ड्राइविंग लाइसेंस, गाड़ियन के पंजीकरण प्रमाणपत्र बनावे वाले तीन आरोपियन के गिरफ्तार क लेहले बा।

इनकर पहचान रफीक अहमद निवासी तिलंगवापट्टी बांसगांव थाना विशुनपुरा, अनिल सिहं पटेल, राजा पटेल उर्फ अभिषेक निवासी परसौनी बुजुर्ग कौव्वापट्टी, थाना तमकुहीराज के रूप में भइल बा। इनके लग्गे से 60 फर्जी ड्राइविंग लाइसेंस (स्मार्ट कार्ड), 15 आरसी, 426 पीवीसी स्मार्ट कार्ड चिप सहित, 174 पीवीसी स्मार्ट कार्ड, 28 सरकारी मोहर, सात मोबाइल फोन, तीन लैपटॉप, चार प्रिंटर और स्कैनर, तीन पेनड्राइव, 23 मोहर हस्ताक्षर सहित प्रिंटेड, 50 हजार नकदी सहित दूसर कुल सामान बरामद भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]