41999 रुपिया के सुरुआती कीमत में लॉन्च भइल Galaxy A56 स्मार्टफोन, मिलत बा 5000mAh के बैटरी आ 50MP कैमरा

Anurag Ranjan

टेक डेस्क: Samsung अपना A-सीरीज स्मार्टफोन के नया जेनरेशन लॉन्च कइले बा। कंपनी ग्लोबल मार्केट में Galaxy A56, Galaxy A36 आ Galaxy A26 फोन लॉन्च कइल गइल बा। सैमसंग मिड रेंज के लेटेस्ट गैलेक्सी ए-सीरीज के स्मार्टफोन्स के कइयन गो अपग्रेड्स आ बदलाव के संगे लॉन्च कइले बा। एकरा संगही एह तीनो स्मार्टफोन में AI फीचर्स मिली, जवना के कंपनी Awesome Intelligence फीचर्स नाम देले बिया। एह फीचर्स में इंस्टेंट स्लो-मो, एआई सलेक्ट आ सर्कल टू सर्च जइसन फीचर सामिल बा।
सैमसंग भारत में फिलहाल खाली दुगाे मॉडल Galaxy A56 आ Galaxy A36 के कीमतन के एलान कइले बा। इहां हमनी के रउआ के सब वेरिएंट्स के इंडिया प्राइसिंग के बारे में जानकारी दे रहल बानी सs।

Samsung Galaxy A56 आ Galaxy A36: कीमत

Samsung भारत में फिलहाल खाली दुगो मॉडल के कीमतन के एलान कइले बिया। Galaxy A56 स्मार्टफोन के भारत में 41,999 रुपिया सुरुआती कीमत में लॉन्च कइल गइल बा। ओहिजा, Galaxy A36 स्मार्टफोन के 32,999 रुपिया के सुरुआती कीमत में पेश कइल गइल बा।

Galaxy A36 के कीमत

  • 8GB + 128GB – 32999 रुपये
  • 8GB + 256GB – 32999 रुपये
  • 12GB + 256GB – 35999 रुपये

Galaxy A56 की कीमत

  • 8GB + 128GB – 41999 रुपये
  • 8GB + 256GB – 41999 रुपये
  • 12GB + 256GB – 44999 रुपये

Samsung Galaxy A56, Galaxy A36, Galaxy A26: के खूबी

Samsung Galaxy A56 आ Galaxy A36 में 6.7-इंच के FHD+ Super AMOLED Infinity-O डिस्प्ले दिहल बा, जवना के रिफ्रेश रेट 120Hz आ पीक ब्राइटनेस 1200 निट्स बा। ओहिजा, Galaxy A26 स्मार्टफोन में 6.7-इंच के FHD+ Infinity-U Super AMOLED डिस्प्ले दिहल गइल बा। प्रोसेसर के बात करीं तs Galaxy A56 में Samsung के इन-हाउस Exynos 1580 चिपसेट, Galaxy A36 में Snapdragon 6 Gen 3 प्रोसेसर आ Galaxy A26 में Exynos 1380 चिपसेट दिहल गइल बा।

फोटोग्राफी के बात करीं तs तीनो फोन में 50MP के प्राइमरी कैमरा सेंसर मिलत, जवन OIS सपोर्ट करत बा। Galaxy A56 आ Galaxy A36 स्मार्टफोन में HDR वीडियो रिकॉर्डिंग के सपोर्ट मिलत बा। Galaxy A56 स्मार्टफोन में प्राइमरी कैमरा के संगे 12MP के अल्ट्रावाइड कैमरा मिलत बा। ओहिजा, Galaxy A36 आ Galaxy A26 में 8MP के अल्ट्रावाइड कैमरा सेंसर मिलत बा।
Galaxy A56 आ Galaxy A36 स्मार्टफोन में 5MP के मैक्रो कैमरा लेंस दिहल गइल बा। Galaxy A26 में 2MP के मैक्रो कैमरा लेंस मिलत बा। Galaxy A56 स्मार्टफोन में कुछ नया कैमरा फीचर्स जोड़ल गइल बा, जेमे Low-Noise मोड आ नाइट फोटोग्राफी एक्सपीरियंसो सामिल बा।

सैमसंग के एह तीनो फोन में 5000mAh के बैटरी मिलत बा। बात करीं चार्जिंग के कइल जावs तs Galaxy A56 आ Galaxy A36 में 45W फास्टचार्जिंग आ Galaxy A26 स्मार्टफोन में 25W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट दिहल गइल बा। सैमसंग के तीनो स्मार्टफोन Android 15 पs आधारित One UI 7 पs रन करेम। तीनो फोन खातिर 6 साल तक सॉफ्टवेयर आ सिक्योरिटी अपडेट मिली।

Read Also: Rohit Sharma: कांग्रेस नेता रोहित शर्मा के वजन पs कइलें टिप्पणी, हंगामा भइल तs भाजपा राहुल गांधी पs कसलस तंज

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।