Redmi Note 14 सीरीज में लॉन्च भइल 200MP कैमरा वाला सस्ता स्मार्टफोन, जानीं फीचर्स

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2025

Xiaomi Redmi Note 14 सीरीज में एगो अवुरी नाया स्मार्टफोन लॉन्च भईल बा।  इs रेडमी स्मार्टफोन 200MP के कैमरा सेटअप के संगे आवेला। एकरा अलावे एs रेडमी स्मार्टफोन में AMOLED डिस्प्ले, 5000mAh के पावरफुल बैटरी

Share

रेडमी नोट 14S

Xiaomi Redmi Note 14 सीरीज में एगो अवुरी नाया स्मार्टफोन लॉन्च भईल बा।  इs रेडमी स्मार्टफोन 200MP के कैमरा सेटअप के संगे आवेला। एकरा अलावे एs रेडमी स्मार्टफोन में AMOLED डिस्प्ले, 5000mAh के पावरफुल बैटरी समेत बहुत शक्तिशाली फीचर बा।  रेडमी कुछ समय पहिले भारतीय बाजार में एs सीरीज में नोट 14, नोट 14 प्रो अवरू नोट 14 प्रो+ 5जी स्मार्टफोन लॉन्च कईले बिया। इs तीनों फोन 50MP के कैमरा के संगे पेश कईल गईल बा।  रेडमी एह फोन के वैश्विक बाजार में पेश कईले बिया।

इs स्मार्टफोन चेक रिपब्लिक अवरू यूक्रेन में रेडमी नोट 14S के नाम से लॉन्च कईल गईल बा।  इs फोन चेक रिपब्लिक में PLN 5,999 (लगभग 22,700 रुपया) अवुरी यूक्रेन में PLN 10,999 (लगभग 23,100 रुपया) के शुरुआती कीमत पs लॉन्च कईल गईल बा।  एकरा के तीन रंग विकल्प में पेश कईल गईल बा – Aurora Purple, Midnight Black अवरू Ocean Blue।

रेडमी नोट 14एस के फीचर

रेडमी के इs सस्ता स्मार्टफोन डबल सिम कार्ड सपोर्ट के संगे आवेला।  एs एंड्रॉयड स्मार्टफोन में लेटेस्ट Xiaomi HyperOS के सपोर्ट कईल गईल बा। एकरा में 6.67 इंच के FHD+ AMOLED डिस्प्ले बा, जवना के रिजॉल्यूशन 1080 x 2400 पिक्सेल बा।  फोन के डिस्प्ले 120Hz हाई रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करेला अवरू एकरा में कॉर्निंग गोरिल्ला ग्लास 5 के सुरक्षा दिहल गईल बा।

शाओमी के एs सस्ता स्मार्टफोन में MediaTek Helio G99 अल्ट्रा ऑक्टाकोर प्रोसेसर बा, जवन कि 4जी नेटवर्क के सपोर्ट करेला।  फोन में 8GB रैम अवरू 256GB इंटरनल स्टोरेज के सपोर्ट बा।  कंपनी एs फोन के सिर्फ एक स्टोरेज विकल्प में लॉन्च कईले बिया।

रेडमी नोट 14S के पीछे ट्रिपल कैमरा सेटअप दिहल गईल बा।  फोन में 200MP के मेन अवरू 8MP के अल्ट्रा वाइड कैमरा दिहल जाई।  एकरा संगे 2MP के मैक्रो कैमरा उपलब्ध होई।  एs फोन में सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर 16MP के कैमरा बा।  इs फोन 5,000mAh के शक्तिशाली बैटरी अवरू 67W के फास्ट चार्जिंग फीचर के सपोर्ट करेला।  एह फोन के रेटिंग आईपी67 बा।  इहे ना, फोन में डिस्प्ले में फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गईल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.