तंत्र-मंत्र के झांसा दे के बाली अउर मोबाइल फोन ले के जालसाज फरार, पुलिस कs रहल बिया जांच

कुमार आशू

गोरखपुर जिला के गुलरिहा थाना क्षेत्र के भेलीनपुर में तंत्र-मंत्र के झांसा दे के मंगर महिला से जालसाजी के मामला सोखे आइल बा। आरोप बा कि बाइक से आइल जालसाज मोबाइल फोन अउर कान के बाली ले के फरार हो गइल।

सूचना के बाद पहुंचल पुलिस सीसीटीवी कैमरा मदद से जांच कर रहल बा। पुलिस के दावा बा कि जल्दिए आरोपी के गिरफ्तारी कs लीहल जाई। महराजगंज टोला भेलीनपुर निवासी वर्षा देवी पत्नी वीरेंद्र गुप्ता अपने घर में किराना के दुकान चलावत रहनें।

पति साउथ अफ्रीका में नौकरी करेने। मंगलवार सुबह 10 बजे बाइक से आइल युवक महिला से कहलस कि तहार पति हमके भेजले बानें। तहरे घर अशांति बा, तहके भयानक सपना आवsला। हम कुछ तंत्र-मंत्र कs देब, तहरे घर मे सुख-शांति आ जाई।

तंत्र-मंत्र करे के दौरान पहिले कान के सोने के बाली अउर फिर मोबाइल फोन के मांग करे लागल। महिला झांसा में आ के दूनों दे दिहली। जालसाज ओके ले के फरार हो गइल।

Share This Article