Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nostradamus Prediction: मॉर्डन नास्त्रेदमस के 2023 खातिर तीन ठो डेरवावे वाला भविष्यवाणी, दुनिया में तबाही के संकेत

213

दुनिया में कई अइसन भविष्यकता भइल जेकरे भविष्यवाणी पs लोग यकीन करेने। बुल्गारिया के बाबा वेंगा अउर फ्रांस के मशहूर भविष्यवक्ता ‘माइकल दि नास्त्रेदमस’ के नाम एह सूची में शामिल बाने। ब्राजील के एगो भविष्यवक्ता के तुलना नास्त्रेदमस (Nostradamus Predictions 2023) से कइल जा रहल बा अउर उनके नयका जमाना के नास्त्रेदमस बतावल जाला।

एह भविष्यवक्ता के नाम एथोस सैलोम बा जिनकर कई भविष्यवाणी सच साबित हो चुकल बा। अब आजुकाल एथोस सैलोम के खूब चर्चा हो रहल बा। एथोस सैलोम कतर में संपन्न फीफा वर्ल्डकप 2022 (Fifa World Cup 2022) के ले के भी भविष्यवाणी कइले रहने। सैलोम के फीफा वर्ल्ड कप 2022 के लेकर कइल गइल भविष्यवाणी बिल्कुल सच साबित भइल रहे।

ऊ भविष्यवाणी कइले रहनें कि लियोनेल मेसी की कप्तानी वाली टीम अर्जेंटीना अउर किलियन एम्बाप्पे के फ्रांस के बीच फाइनल मैच खेलल जाई। सैलोम मेसी के टीम अर्जेंटीना के विश्व चैंपियन बनले के भविष्यवीणी कइले रहनें। अब ऊ साल 2023 के ले के भी कई डरावना भविष्यवाणी कइले बानें।

एगो मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, एथोस साल 2023 खातिर कई संभावित भविष्यवाणी कइले बानें। एही भविष्यवाणी से लोग के बीच खौफ के माहौल ब। एथोस पहिला भविष्यवाणी में एगो महामारी के बारे में बतवले बानें। उनकर कहनाम बा कि अंटार्कटिका में बर्फ के सतह के नीचे एगो नया घातक वायरस बा जौन दुनिया में तबाही मचा सकsता। साइबेरिया में बर्फ के नीचे विषाणु पर वैज्ञानिकन के शोध से सैलोम के भविष्यवा के बल मिलsता।

जॉम्बी वायरस

वैज्ञानिकन के शोध में लगभग 50 हजार साल पुरान ‘जॉम्बी वायरस’ के बारे में पता चलल। ओहायो यूनिवर्सिटी के शोधकर्ता लोग के एगो टीम तिब्बती ग्लेशियर में निष्क्रिय पड़ल 28 अज्ञात वायरस के खोजले रहे। संभावना जतावल जा रहल बा कि ग्लोबल वार्मिंग बढ़ले के संगे एह वायरस के खतरा भी बढ़ी। एथोस के भविष्यवाणी बा कि अंटार्कटिका की बर्फ से वायरस बाहर अइहें अउर दुनिया में तबाही मचइहें।

एरिया-51 पर हैरान करे वाला दावा

मॉर्डन नॉस्त्रेदमस के कहनाम बा कि अमेरिका में स्थित एरिया-51 में कई रहस्य छिपल बा। अमेरिका के एह सीक्रेट जगह पs एलियन के कैद करे अउर यूएफओ के देखे के दावा कइल जात रहल। एथोस अब दावा कइलें कि एरिया-51 में एगो गहिराह गुफा बा। साल 2023 में एह गुफा के खोलल जाई। एकरे साथही ऊ कहले बानें कि ई गुफा दूसर दुनिया में गइले के रास्ता बनीं।

428080cookie-checkNostradamus Prediction: मॉर्डन नास्त्रेदमस के 2023 खातिर तीन ठो डेरवावे वाला भविष्यवाणी, दुनिया में तबाही के संकेत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.