Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया: झाड़-फूंक के नाम पs धर्मांतरण के सूचना पर पहुंचल पुलिस

349

तवक्कलपुर गांव के पास छोटकी गंडक नदी के तट पर अतवार के लोग के बुला के धर्म परिवर्तन करावल गइले के सूचना पर हिंदूवादी संगठन के लोग मौका पर पहुंच गइल। एक पक्ष झाड़-फूंक करावे खातिर अइले के बात कहनें त दूसरा धर्म परिवर्तन करावे के आरोप लगावत रहल। एके ले के वाद विवाद ठाढ़ हो गइल। सूचना पs पुलिस के पहुंचतही हड़कंप मच गइल। घटनास्थल पर पुलिस कई लोगन के हिरासत में ले लिहलस। मौका पर क्षेत्र के कई गांव के अलावा कुशीनगर जिला के लोग शामिल रहल।

तरकुलवा थानाक्षेत्र के तवक्कलपुर गांव के लग्गे छोटकी गंडक नदी के किनारे, खैरवा के एकांत जंगल में अतवार के टेंट लगा के रामपुर कारखाना के शाहजहांपुर, तरकुलवा के तवक्कलपुर, कोन्हलिया, बाबुराय, खैरवा सहित कुशीनगर के कसया सहित दूर-दराज के लोग के बुला के झाड़-फूंक के नाम पर उहां तमाम प्रलोभन दे के धर्मांतरण करवले के चर्चा तेज हो गइल बा।

एह बात के जानकारी होइतही उहां पहुंचल हिंदूवादी संगठन के नेता लोग मामिला के विरोध कइल। एहसे उहां अफरातफरी के माहौल पैदा हो गइल। हिंदू नेता लोग एह बात के जानकारी स्थानीय पुलिस के दिहलें। सूचना मिलतही एसओ फोर्स के संगे मौका पर पहुंचल। पुलिस के पहुंचतही उहां हड़कंप मच गइल। जांच पड़ताल में एगो धर्म से जुड़ल प्रचार सामग्री के अलावा सरसों के तेल आदि सामग्री मिलल।

पुलिस कई लोग के हिरासत में ले के थाना ला के पूछताछ कइलस। पांच लोग पर शांतिभंग के कार्रवाई कइल गइल। एह संबंध में एसओ दिनेश कुमार मिश्र बतवलें कि कुछ लोग नदी किनारे झाड़-फूंक करावत रहनें धर्म परिवर्तन के आरोप के जांच कइल जा रहल बा। पांच लोग पs शांतिभंग के कार्रवाई कइल गइल बा।

401410cookie-checkदेवरिया: झाड़-फूंक के नाम पs धर्मांतरण के सूचना पर पहुंचल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.