Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हंगामा के भेंट चढ़ल निगम बोर्ड के बैठक : छपरा में पार्षद लोग मेयर पs मनमानी के लगावाल आरोप

86
Google Ads 300*250 for posts

छपरा नगर निगम के बोर्ड के बैठक एक बेर फेर हंगामा के भेंट चढ़ गइल। लमहर जद्दोजहद के बाद आज बियफे के बोर्ड के बैठक आयोजित कइल गइल रहे। जेमे पार्षद लो मेयर लक्ष्मी नारायण गुप्ता पs मनमानी के आरोप लगावत बोर्ड के बहिष्कार के वॉक आउट कs दिहल।

एह दौरान नगर निगम के सभा कक्ष में बहुत देर तक चिल्ला चोट हंगामा आ नारेबाजी होत रहल। आज 12 सितंबर के पहिले से निर्धारित बोर्ड के बैठक के सुरुआत भइल। सुरुआती समय मे बैठक के सुरुआत शांतिपूर्ण तरीका से भइल बाकिर प्रस्ताव पs चरचा के संगही पार्षद विरोध जतावत हंगामा सुरू कs दिहल लो। दुनो पक्ष में तीख बहस से बाद आक्रोशित पार्षद सभागार से बैठक के वॉक आउट करत बाहर निकल गइल लो।

बैठक के बहिष्कार कइल गइला के बाद मेयर लक्ष्मी नारायण गुप्ता बतवली कि ई छपरा खातिर दुर्भाग्य बा। हंगामा आ बहिष्कार छपरा के विकास में बाधक बन रहल बा। हंगामा कs रहल पार्षदन के भगवान सद्बुद्धि देस। ई जनता के मताधिकार के संगे गलत हो रहल बा। अगिला बैठक 17 सितंबर के आयोजित बा। जेमे सब पार्षद दोबारा सम्मिलित होई लो आ नीतिगत फैसला पs आपन सहमति दर्ज कराई लो।

वार्ड 10 के वार्ड पार्षद बबिता सिंह बतवली कि मेयर के ओर से हठधर्मिता कइल जा रहल बा। निगम के सब नियम के ताक पs रखके मनमानी तरीका से बैठक मे बिंदुअन के तय कइल जा रहल बा। आज सब पार्षद एक स्वर में बैठक के विरोध कइल लो आ सदन के वॉकआउट कs दिहल गइल।

आवे वाला बैठक 17 के तय कइल गइल बा बाकिर, विश्वकर्मा पूजा आ अनंत चतुर्दशी के त्योहार होखला के चलते सब पार्षद एकर विरोध जतवले बा लो। मेयर के ओर से निजी हित आ कमीशन वाला कार्यन पs जादे ध्यान दिहल जा रहल बा। प्रभारी नगर आयुक्त अजित कुमार बतवलें कि निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार बैठक भइल बा, बाकिर पार्षद बहिष्कार कs देले बा लो। आगे महापौर तय करिहें कि बैठक कवना दिन करावल जाई।

957640cookie-checkहंगामा के भेंट चढ़ल निगम बोर्ड के बैठक : छपरा में पार्षद लोग मेयर पs मनमानी के लगावाल आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.