साधारण परिवार के लइका मचवलस जिला में धूम,अपना परिणाम के जड़िये कइलस जवार के नाम रौशन 

Sonu Kishor
- Sponsored Ads-

Bihar board 10th result: बिहार बोर्ड दसवीं के परीक्षा के result 31 मार्च के आइल जवना में जिला – छपरा , प्रखंड – बनियापुर , ग्राम – आनंद पुर निवासी – राजेश कुमार यादव के सुपुत्र सचिन कुमार जिला में टॉप कइले। सचिन कुल 500 नंबर में से 458 नंबर लिया के जिला – जवार के नांव रौशन कइले। सचिन कुमार से बात कइला पऽ उऽ बतवले कि उनका अपना घर से बाड़ा समर्थन मिलल आ जवन ई परिणाम आइल बा ओकर पूरा श्रेय बाबू जी आ माई के आ खासकर के उनका गुरु ( शिक्षक ) लो के जाता।

सचिन के पढ़ाई लिखाई सत्यदेव स्वामी हाई स्कूल सेमरी से भइल आ इनकर अबहीं ले के शिक्षा गाँवहीं में भइल बा। सचिन से जब पढ़ाई – लिखाई पऽ बात कइल गइल तऽ उऽ बतवले कि परीक्षा के तइयारी करे में उनका सबसे जादे फायदा नियमित रहला के भइल। उनकर नियमित रहल उनका के बाड़ा फायदा देलस। उऽ इहो बतवले कि जदि कवनो परीक्षा के तइयारी ढंग से करे के बा तऽ परीक्षा से जुड़ल पिछिलकाऽ साल ( previous year) के प्रश्नपत्र के रियाज कइल , ओकरा के solve कइल बहुत जरूरी बा, एकरा से विधार्थी के पकड़ मजबूत होला। सचिन अपना आगे के सफर के बाड़े में बतावत कहले कि उनका NEET के तइयारी करे के बा आ उऽ आपन भविष्य मेडिकल के क्षेत्र में संजोए के चाहऽ ताड़े।

- Sponsored Ads-

सचिन कुमार के आगे के भविष्य खातिर खबर भोजपुरी के ओर से शुभकामना बा।

- Sponsored Ads-

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे [email protected] पs जुड़ल रहीं...