जेपी विश्विद्यालय में आध्यात्मिक विज्ञान के कोर्स चालू होई : अगिला सत्र से हिन्दू अध्ययन के तहत सुरू होई कइयन गो पाठ्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2024

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में लगातार नया-नया कोर्स लागू कइल जा रहल बा। आध्यात्मिक विज्ञान आ हिन्दू अध्ययन खातिर तइयारी तेज कs दिहल गइल बा। अब जल्दिये जेपी विश्वविद्यालय में हिन्दू अध्ययन आ आध्यात्मिक विज्ञान केंद्र

Share

PHD Enterance Exam

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में लगातार नया-नया कोर्स लागू कइल जा रहल बा। आध्यात्मिक विज्ञान आ हिन्दू अध्ययन खातिर तइयारी तेज कs दिहल गइल बा। अब जल्दिये जेपी विश्वविद्यालय में हिन्दू अध्ययन आ आध्यात्मिक विज्ञान केंद्र खोलल जाई। नवहन के अपना के सनातन से जोड़े आ आध्यात्मिक विज्ञान पs ज्ञानोपार्जन खातिर ई कोर्स कारगर साबित होई।

यूनिवर्सिटी के कुलपति प्रोफेसर प्रमेंद्र कुमार बाजपेयी बतवलें कि बीतल दिनन में राज्यपाल के संगे भइल सिंडीकेट के बैठक में हिन्दू अध्ययन केंद्र के स्थापना पs चरचा भइल बा। कुलपति बतवलें कि नवहन के वैदिक संस्कृति से जोड़े खातिर केंद्र खोलल जा रहल बा। हिन्दू अध्ययन केंद्र आ विज्ञान केंद्र से हिन्दू रीति रिवाज, सनातन परंपरा आ वेदन के सरल भाषा में पढ़े आ समझे के छात्रन के अवसर मिली।

आगे जानकारी देत ऊ बतवलें कि एकर प्रस्ताव सरकार के भेजल जा चुकल बा। ई सर्टिफिकेट कोर्स होई। एक साल के अवधि में दु सेमेस्टर के परीक्षा देवे के होई। ग्रेजुएशन के बाद एमे प्रवेश लिहल जा सकी।

हिन्दू अध्ययन केंद्र के पाठ्यक्रम में चारो वेद, उपनिषद, भागवत गीता, रामायण आ महाभारत जइसन धर्मग्रंथ के संगे-संगे हिन्दू दर्शन, धर्मशास्त्र, पौराणिक कथा, नैतिकता आ अनुष्ठान प्रथा आदि सामिल रही।

यूनिवर्सिटी के पीआरओ प्रो. हरिशचंद बतवलें कि भारत के समृद्ध आध्यात्मिक विरासत के संजो के रखे के उद्देश्य से एह पाठ्यक्रम के सुरुआत विश्विद्यालय में कइल जा रहल बा। एमे स्नातक के बाद इच्छुक विद्यार्थी नामांकन ले सकत बा। नया सत्र 2025 से प्रवेश सुरू होई। जवना खातिर विश्वविद्यालय प्रबंधन कावर से तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.