KK Pathak: अप्रैल से स्कूल में बदल जाई सबकुछ, शिक्षक लो खातिर आ गइल नया फरमान; अब करे मे होई ई काम 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2024

KK Pathak: अप्रैल से स्कूल में बदल जाई सबकुछ, शिक्षक लो खातिर आ गइल नया फरमान; अब करे मे होई ई काम KK Pathak News एक अप्रैल से सब सरकारी विद्यालय में नया शैक्षणिक सत्र

Share

KK Pathak: अप्रैल से स्कूल में बदल जाई सबकुछ, शिक्षक लो खातिर आ गइल नया फरमान; अब करे मे होई ई काम

KK Pathak News एक अप्रैल से सब सरकारी विद्यालय में नया शैक्षणिक सत्र प्रारंभ हो रहल बा। एही दिन से शिक्षा विभाग विद्यालय के गहन निरीक्षण के कार्यक्रम बना चुकल बिया। शिक्षा विभाग के हर कर्मी कवनो ना कवनो पंचायत में पहुंच के कम से कम पांच विद्यालय के निरीक्षण करिहें।  विद्यालय के निरीक्षण सुबह नौ बजे आ फेर शाम में पांच बजे होई।

प्रारंभिक विद्यालय में तैनात पांच हजार शिक्षक लो सक्षमता परीक्षा देले रहें। एमें अधिकांश यानी 44 सौ शिक्षक लो परीक्षा पास कर लेले बा। ओमें सबसे बेसी खुशी के बात बा कि एमें चार हजार से अधिक शिक्षक लो के पहिला पसंद के ही जिला नसीब हो गइल रहें। शुक के देर रात बादे शिक्षक लो के रिजल्ट दिखे लागल।

अधिकांश शिक्षक लो के उनकर आपन जिला बांका आवंटित होखते खुश हो गइल। सब शिक्षक एक दोसरा के रिजल्ट जाने खातिर देर रात ले बेकरार रहें। फेर भोरहीं से सब प्रारंभिक विद्यालय में एही रिजल्ट के माहौल रहल। सब कोई एक दोसरा के विशिष्ट शिक्षक के साथे राज्य कर्मी बने के शुभकामना देते दिखल।

शिक्षक लो के सबसे अधिक खुशी आपन जिला आवंटित होखे से लउकल। फेल होखे वाला शिक्षक लो के संख्या प्रखंड में दू चारे गो सामने आइल बा । शनिचर के देर शाम बाद बिहार बोर्ड सिक्स टू एट शिक्षक के भी रिजल्ट जारी कर दिहल गइल बा। एमें कुछ विषयन में नियोजित शिक्षक लो के दूसरका जिला आवंटित होखे के खबर मिल रहल बा। जानकारी के अनुसार, अगिला दू दिन में माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक शिक्षक लो के रिजल्ट आ जाई। एकरा साथेही चुनाव से पहिले सब पास शिक्षक लो के काउंसिलिंग शुरू कइल जाई।

एक अप्रैल से हर विद्यालय के जांच

विद्यालय के निरीक्षण सुबह नौ बजे आ फेर शाम में पांच बजे होई। डीईओ कुंदन कुमार बतवले कि सब कर्मियन के जांच वाला विद्यालय आ पंचायत आवंटित कर दिहल गइल बा। एक अप्रैल से सब कर्मी जांच कर के एकर रिपोर्ट करिहें। समय पऽ विद्यालय ना पहुंचे वाला शिक्षक लो पऽ कार्रवाई कइल जाई। साथही समय से पहिले विद्यालय छोड़े वालन पर कार्रवाई कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.