[the_ad_group id="30365"]

गुजरात: इहां 23 हजार वोट से जीतल भाजपा, पिछले चुनाव में एतनही अंतर से मिलल रहे हार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात विधानसभा चुनाव के नतीजा आ चुकल बा। एह बेर भारतीय जनता पार्टी नयका रिकॉर्ड बना दिहले बा। 182 विधानसभा सीट वाले गुजरात में भाजपा के 156 प्रत्याशी चुनाव जीत गइलें। कांग्रेस के सबसे ज्यादा नुकसान उठावे के पड़ल। कांग्रेस 77 सीट से सीधे 17 पs आ गइल। मतलब कांग्रेस के 60 सीट के नुकसान उठावे के पडल। उहवें एह बेर सरकार बनावे के दावा करे वाली आम आदमी पार्टी के खाली पांच प्रत्याशी ही चुनाव जीत पवलें। एक सीट पs सपा उम्मीदवार विजयी भइलें त बाकी तीन सीट निर्दलीय उम्मीदवार जितलें।

तापी जिला के नीजर विधानसभा सीट पs भाजपा के डॉ. जयरामभाई चेमाभाई गामित कांग्रेस के सुनीलभाई रतनजीभाई गामित के 23,160 वोट से हरा दिहलें। भाजपा उम्मीदवार के 97,461 वोट जबकि कांग्रेस के इहां 74,301 वोट मिलल। तीसरे नंबर पर आप रहल। एकरे प्रत्याशी अरविंदभाई सींगाभाई गामित के 35,781 वोट मिलल जौन कुल वोट के 16.08 फीसदी रहल। आप अउर बीटीपी के उम्मीदवार समेत चार जनी के जमानत जब्त हो गइल। उहवें, नोटा के 4,465 वोट मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]