स्पोर्ट्स डेस्क। विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के अइला के बाद से टेस्ट क्रिकेट के रोमांच दोगुना हो गइल बा। अब टीमन के बीच जीत के लेके रोमांचक जंग देखे के मिलत बा। हालांकि, एकरा के आउर रोचक बनावे खातिर आईसीसी प्लेइंग कंडीशन में बदलाव करे जा रहल बा। एगो रिपोर्ट के मोताबिक, अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) 2027-29 विश्व टेस्ट चैंपियनशिप चक्र में छोट देसन खातिर चार दिवसीय टेस्ट मैच के मंजूरी देवे खातिर तइयार बा, बाकिर भारत, ऑस्ट्रेलिया आ इंग्लैंड जइसन बड़ टीम एमे अपवाद रहिहें सs। ई तीनो देस एक दूसररा के खिलाफ पारंपरिक पांच दिवसीय मैच खेली। मैचन के संख्या एक दिन कम करे के कदम एगो महत्वपूर्ण आ बड़े बदलाव के ओर इशारा कs रहल बा। आईसीसी के माने के बा कि एकरा से से छोट देसन के जादे से जादे टेस्ट आ लमहर सीरीज खेले में मदद मिली।
जय शाह ने चार दिवसीय टेस्ट के समर्थन कइलें
‘द गार्जियन’ अखबार के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा, पिछला हफ्ता लॉर्ड्स में डब्ल्यूटीसी फाइनल में चरचा के दौरान आईसीसी अध्यक्ष जय शाह 2027-29 डब्ल्यूटीसी चक्र खातिर चार दिवसीय टेस्ट खातिर आपन समर्थन व्यक्त कइले बाड़ें। एकर चर्चा फाइनल के दौरान एहिसे भइल ताकि समय से एह नियम के मंजूरी मिल सके आ एकरा खातिर नियम बनावल जा सके। हालांकि, एह नए नियम के बादो इंग्लैंड, ऑस्ट्रेलिया आ भारत एक दूसरा के खिलाफ माने एशेज सीरीज, बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी आ एंडरसन-तेंदुलकर ट्रॉफी के दौरान पांच दिवसीय टेस्ट मैच खेली।’ हाले में भारत आ इंग्लैंड के बीच टेस्ट सीरीज के पटौदी सीरीज से हटाके एंडरसन-तेंदुलकर ट्रॉफी कs दिहल गइल बा। हालांकि, एह नाम के लॉन्च होखल अभी बाकी बा। भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के सुरुआत 20 जून से लीड्स में होखे जा रहल बा।
2017 में पहिला बेर चार दिवसीय टेस्ट के मंजूरी मिलल रहे
आईसीसी पहिला बेर 2017 में द्विपक्षीय मुकाबलन खातिर चार दिवसीय टेस्ट के मंजूरी देले रहे। इंग्लैंड 2019 आ 2023 में आयरलैंड के खिलाफ चार दिवसीय टेस्ट के बाद पिछला महीना ट्रेंट ब्रिज में जिम्बाब्वे के संगे चार दिवसीय मैच खेलल रहे। रिपोर्ट के मोताबिक, ‘कइयन गो छोट देस समय आ लागत के कारण टेस्ट मैचन के मेजबानी करे से कतराला, बाकिर चार दिवसीय क्रिकेट के ओर कदम बढ़ावे से तीन टेस्ट मैचन के पूरा सीरीज तीन हफ्ता से कम समय में खेलल जा सकी।
एक दिन में 90 ओवर के जगह फेंकल जाई 98 ओवर
रिपोर्ट में कहल गइल बा कि, ‘चार दिवसीय टेस्ट मैचन में समय के बर्बादी के कम करे खातिर एक दिन के अंदर खेल के समय के बढ़ाके प्रतिदिन न्यूनतम 98 ओवर कs दिहल जाई। मवजूदा पांच दिवसीय टेस्ट में एक दिन में अधिकतम 90 ओवर गेंदबाजी होला। पिछला सप्ताह लॉर्ड्स में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ रोमांचक फाइनल में विश्व चैंपियन बनला के बावजूद दक्षिण अफ्रीका एह मुद्दा के आउर उजागर कइले बा आ बदलाव के आवश्यकता s ध्यान केंद्रित कइले बा।’
मवजूदा चक्र पांच दिन के खेल पर आधारित होगा
हालांकि, 2025-27 विश्व टेस्ट चैंपियनशिप पांच दिवसीय मैच के मवजूदा प्रारूप के तहत जारी रही। एकर सुरुआत मंगर के श्रीलंका आ बांग्लादेश के बीच दु टेस्ट मैचन के सीरीज से होई। 2025-27 चक्र में प्रतिस्पर्धा करे वाला नव देसन के बीच खेलल जाये वाला 27 टेस्ट सीरीज में से 17 सीरीज में खाली दु मैच होई, जबकि तीन मैच के छव सीरीज होई। इंग्लैंड, ऑस्ट्रेलिया आ भारत सब एक-दूसरा के खिलाफ पांच टेस्ट मैचन के सीरीज खेली।