WTC 2025-27 Schedule: शुभमन के टीम के सामने तीन बिदेसी दौरा, द. अफ्रीका-ऑस्ट्रेलिया आ इंग्लैंड खातिर रास्ता कठिन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। विश्व टेस्ट चैंपियनशिप 2023-25 चक्र के समापन के संगही अब नया चक्र के लेके बात होखल सुरू हो गइल बा। एह चक्र के दक्षिण अफ्रीका के टीम अपना नाम कइलें। तेम्बा बावुमा के

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। विश्व टेस्ट चैंपियनशिप 2023-25 चक्र के समापन के संगही अब नया चक्र के लेके बात होखल सुरू हो गइल बा। एह चक्र के दक्षिण अफ्रीका के टीम अपना नाम कइलें। तेम्बा बावुमा के टीम गत विजेता ऑस्ट्रेलिया के हराके विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के खिताब अपना नामे कइलस। अब नया चक्र के तइयारी सुरू हो गइल बा। एकर सुरुआत 17 जून से हो जाई, जब श्रीलंका आ बांग्लादेश के टीम भिड़ी।

ओहिजा, टीम इंडिया 20 जून से इंग्लैंड के खिलाफ नया टेस्ट चैंपियनशिप चक्र के सुरुआत करी। ई डबल्यूटीसी के चउथा संस्करण होई। एह दौरान अगिला दु साल में नव टीमन के बीच कुल 71 टेस्ट मैच खेलल जाई। एह चक्र में कइयन टीम बदलाव के दौर से गुजरी आ एगो नया सुरुआत करे के चाही।

बदलाव के दौर से गुजर रहल बाड़ी सs कई गो टीम

एमे टीम इंडिया सामिल बिया, जे नया कप्तान शुभमन गिल के नेतृत्व में एह चक्र में उतरी। रोहित शर्मा आ विराट कोहली के संन्यास के बाद से भारतीय टीम बदलाव के दौर में बिया। ओहिजा, इंग्लैंड के टीम खातिर जेम्स एंडरसन आ स्टुअर्ट ब्रॉड के बिना सफर आसान ना होई। ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के अबकियो बेर कठिन चुनौती मिलल बा आ ओकरा खातिर इस्थिर बनल रहल बड़ चुनौती होई। ओहिजा, पाकिस्तान के एक बेर फेर आसान बिदेशी दौरा मिलल बा, बाकिर ओकरा खातिर एकरा से पार पावल बड़ चुनौती होई। पाकिस्तान के टीम 2023-25 डब्ल्यूटीसी चक्र में आखिरी माने नउवा स्थान पs रहल रहे।

कवन टीम सबसे जादे टेस्ट खेली?

ऑस्ट्रेलियाई टीम विश्व टेस्ट चैंपियनशिप 2025-27 चक्र में सबसे जादे 22 टेस्ट मैच खेली। ओहिजा, इंग्लैंड के टीम 21 मैच खेली। एकरा बाद 18 मैचन के संगे भारत तीसरका स्थान पs बा। न्यूजीलैंड के 16 आ दक्षिण अफ्रीका-वेस्टइंडीज के 14-14 टेस्ट खेले के बा। पाकिस्तान के टीम 13 आ श्रीलंका-बांग्लादेश के 12-12 टेस्ट खेले के बा। श्रीलंका, बांग्लादेश, भारत आ इंग्लैंड के अलावे ऑस्ट्रेलियाई टीम एह चक्र में अपना अभियान के सुरुआत वेस्टइंडीज के खिलाफ तीन मैचन के टेस्ट सीरीज से करी। एकर सुरुआत 25 जून से होखे जा रहल बा। ओहिजा, चैंपियन दक्षिण अफ्रीका के टीम अपना 2025-27 डब्ल्यूटीसी चक्र के सुरुआत पाकिस्तान के खिलाफ अक्तूबर में दु मैच के टेस्ट सीरीज से करी। कम टेस्ट मैच होखे के वजह से दक्षिण अफ्रीका के दु टेस्ट सीरीज के बीच बहुते गैप बा।

इंग्लैंड के बाद भारत के केकरा से सामना?

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैच के टेस्ट सीरीज के सुरुआत 20 जून से होखे जा रहल बा। एह सीरीज के आखिरी मुकाबला 31 जुलाई से खेलल जाई। एकरा बाद टीम इंडिया घर पs वेस्टइंडीज के खिलाफ दु मैचन के सीरीज खेली। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच पहिला टेस्ट दु अक्तूबर से आ दूसरका टेस्ट 10 अक्तूबर से खेलल जाई। फेर भारतीय टीम घर पs दक्षिण अफ्रीका से भिड़ी। एकर पहिला मुकाबला 14 नवंबर से आ दूसरका मुकाबला 22 नवंबर से खेलल जाई।

Read Also: Share Market : घरेलू शेयर बाजार के सपाट सुरुआत; लाल आ हरियर निशान के बीच झूलत दिखल सेंसेक्स-निफ्टी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.