[the_ad_group id="30365"]

टेलीग्राम देलस 4 जीबी तक फाइल भेजे के सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

70 करोड़ उपभोक्ता पूरा होखला के बार पॉपुलर मैसेजिंग ऐप टेलीग्राम आपन प्रीमियम सर्विस के लॉन्च कs देले बा। टेलीग्राम प्रीमियम के इस्तेमाल करे वाला उपभोक्तन के बहुत सारा नाया फीचर के सुविधा दिहल जाई। एकरा तहत 4 जीबी तक फाइल अपलोड करे, तेज डाउनलोड स्पीड जइसन कइयन गो सुविधा मिली। एगो रिपोर्ट के मोताबिक, कंपनी एकरा खातिर हर महीना 4.99 डॉलर चार्ज ली। अभी तक ई साफ नइखे कि भारत के उपभोक्ता लो खातिर का का कीमत रहे वाला बा।

अभी ले टेलीग्राम पs सभे उपभोक्ता लो खातिर 2 जीबी के फाइल भेजे के सुविधा पहिले से उपलब्ध बा, बाकिर प्रीमियम ग्राहकन के लगे 4 जीबी के फाइल साइज लिमिट रही। ओइसे, एह फाइल के डाउनलोड करे खातिर रउआ प्रीमियम मेंबरशीप के जरूरत ना रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]