तेज प्रताप यादव नव पत्रकारन के भेजले 50 करोड़ के मानहानि के नोटिस

Share

तेज प्रताप यादव के आरोप बा कि कुछ पत्रकार उनका खिलाफ खबर चलाके उनका के बदनाम करे के कोशिश करत बा लो…

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा राज्य के हसनपुर सीट से विधायक तेज प्रताप यादव नव पत्रकारन के खिलाफ 50 करोड़ के मानहानि के नोटिस भेजले बाड़े। तेज प्रताप कावर से सुप्रीम कोर्ट के अधिवक्ता नवल किशोर झा ई नोटिस तइयार कइले बाड़े। एह नोटिस में नव लोगन के नाव बा जवन अलग-अलग चैनलन आ वेबसाइटन में बतौर पत्रकार काम करेला लो।

तेज प्रताप खुद अपना ट्विटर अकाउंट पs नोटिस के तस्वीरन के संगे ई जानकारी साझा कइले।

एह नव पत्रकारन में वेद प्रकाश (द एक्टिविस्ट), प्रशांत राय (जनता जंक्शन), अलोक (लाइव सिटी), सुजीत कुमार (आजतक), मुकेश (एएनआई), गणेश (फर्स्ट बिहार), प्रकाश कुमार (रिपब्लिक भारत), प्रकाश कुमार (एबीपी न्यूज़) आ कन्हैया बेल्लारी (न्यूज़ हाट) के नाव सामिल बा।

नोटिस में कहल गइल बा कि ई सब  पत्रकार अपना संस्थान खातिर तेज प्रताप यादव के खिलाफ खबर चलवले बा लो, जवना से उनकर मानहानि भइल बा।

बता दिहीं कि सोशल मीडिया पs तेज प्रताप के एगो वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा। वीडियो में तेज प्रताप यादव उनकर इंटरव्यू लेवे आइल पत्रकार वेद प्रकाश के एक्सपोज करे के दावा कs रहल बाड़े।

वीडियो में पत्रकार तेज प्रताप के आवास में उनकर इंटरव्यू लेवे अइले।  तेज प्रताप पत्रकार के पहिले बाहर कैमरा राखे आ फेर बातचीत करे ला कहत बाड़े।

ओकरा बाद वीडियो में देखल जा सकत बा कि इंटरव्यू लेला के बजाय पत्रकार वेद प्रकाश कैमरा बाहर राखे के बहाने उहां से भाग जात बाड़े। तेज प्रताप अपना आवास से बहरी के पत्रकार के पीछा करत बाड़े आ इंटरव्यू लेवे ला कहत बाड़े, बाकिर पत्रकार उहां अपना गाड़ी में बईठ के निकल जात बाड़े।

तेज प्रताप आरोप लगावत बाड़े कि जीतन राम मांझी के आवास से उनका के बदनाम करे के साजिश रचल जा रहल बा जेकर प्रमाण ई वीडियो बा।

एह वीडियो में तेज प्रताप पत्रकारन पs मानहानि के नोटिस भेजे के बात कहत बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-