Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गौरीशंकर तिवारी जी के निधन, खबर भोजपुरी परिवार खातिर अपूरणीय क्षति

खबर भोजपुरी के रिपोर्टर आउर यायावरी वाया भोजपुरी परिवार के अनुवादक आशुतोष तिवारी के बाबा जी के निधन से समूचा यायावरी वाया भोजपुरी आ खबर भोजपुरी परिवार मर्माहत बा...

172
सीवान इन्शुरेंस 720 90

कुशीनगर जिला के खड्डा के करदह तिवारी टोला गांव के रहनिहार आ अपना समे के नामी पहलवान आ इलाका के प्रतिष्ठित किसान गौरीशंकर तिवारी जी के आज दुपहरिया में 82 साल के उमिर में  निधन हो गइल। उहाँ के निधन से परिवार आ अगरी-कगरी के लोगन में शोक के लहर दउर गइल।

रउआ सभे के बता दी कि गौरीशंकर तिवारी जी, भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था खबर भोजपुरी के रिपोर्टर  आ यायावरी वाया भोजपुरी के अनुवादक आशुतोष तिवारी के बाबाजी रहनी हs। उहाँ के निधन से दुनों परिवार के अपूरणीय क्षति भइल बा आ परिवार के सब सदस्य मर्माहत बा।

अइसन मुस्किल समे में समूचा खबर भोजपुरी आ यायावरी वाया भोजपुरी परिवार उहाँ के सरधा के फूल अर्पित करत अपना साथी आ उनका परिवार संगे मजबूती से ठाड़ बा।

 

Middle Yayawari
247530cookie-checkगौरीशंकर तिवारी जी के निधन, खबर भोजपुरी परिवार खातिर अपूरणीय क्षति

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.