Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

9 से जादे OTT प्लेटफॉर्म के Free में मजा, महीना भर चली सस्ता Jio रिचार्ज प्लान

617
Google Ads 300*250 for posts

मोबाइल रिचार्ज प्लान के लेके हर स्मार्टफोन यूजर के एगो अलग जरूरत होला। कुछ यूजर्स के डेटा के जादे जरूरत ना होला तs ऊ अनलिमिटेड कॉलिंग के संगे कम डेटा वाला प्लान चुनेला लो। एह तरे के प्लान के संगे जादे वैलिडिटी कम दाम में मिल जाला। ओहिका, कुछ यूजर्स मोबाइल रिचार्ज प्लान के संगे आपन एंटरटेनमेंट जरूरतन के ख्याल रखल चाहत बा लो।

अइसन यूजर्स खातिर ओटीटी आ डेटा वाला रिचार्ज प्लान काम के साबित होला। ओटीटी प्लेटफॉर्म के संगे हर यूजर के अपना इंटरेस्ट के कंटेंट तs मिल जात बा, बाकिर एह प्लेटफार्मन के सब्सक्रिप्शन जेब ढीला कs देला। जदि रउआ ओह यूजर्स में से बा जवन ओटीटी प्लेटफॉर्म के मजा कम दाम में लिहल चाहत बानी तs ई जानकारी रउआ काम के हो सकत बा। जियो अपना यूजर्स के 10 ओटीटी प्लेटफॉर्म वाला एगो सस्ता रिचार्ज प्लान ऑफर कs रहल बा।

28 दिन वाला जियो रिचार्ज प्लान

हम इहां जियो के 175 रुपिया वाला रिचार्ज प्लान के बात कs रहल बानी। जियो के ई रिचार्ज प्लान 28 दिन के वैलिडिटी के संगे ऑफर कइल जात बा। अच्छा बात ई बा कि एह रिचार्ज प्लान में यूजर्स के JioCinema Premium, Sony LIV, ZEE5, Discovery+, Chaupal, JioTV जइसन चार ओटीटी प्लेटफॉर्म के सब्सक्रिप्शन फ्री मिलेला। एह जियो प्लान के संगे कंपनी 10GB हाई स्पीड डेटा ऑफर कs रहल बिया।

175 रुपिया वाला जियो प्लान

  • पैक वैलिडिटी- 28 Days
  • डेटा- 10GB
  • सब्सक्रिप्शन- Sony LIV, ZEE5, JioCinema Premium, Liongate Play, Discovery+, Sun NXT, Kanchha Lannka, Planet Marathi, Chaupal Hoichoi
  • एह प्लेटफॉर्मन के कंटेंट के रउआ JioTV Mobile App के माध्यम से देख सकत बानी।

कवना यूजर्स खातिर बा काम के प्लान

जदि अलिमिटेड कॉलिंग के जरूरत खातिर प्लान खोज रहल बानी तs ई रउआ काम के प्लान ना होई। एह प्लान के खाली ओह यूजर्स खातिर तइयार कइल गइल बा। जे ओटीटी प्लेटफॉर्म पs ऑनलाइन कंटेंट वॉच कइल पसंद करेला लो। अइसन यूजर्स खातिर ई खातिर सस्ता रिचार्ज प्लान बा।

954840cookie-check9 से जादे OTT प्लेटफॉर्म के Free में मजा, महीना भर चली सस्ता Jio रिचार्ज प्लान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.