श्रीलंका के खिलाफ टी20 आ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया के एलान हो गइल बा। तीन मैचन के टी20 सीरीज खातिर हार्दिक पांड्या के कप्तान बनावल गइल बा। ओहिजा, सूर्यकुमार यादव उनकर डिप्टी होइहें। ओहिजा, वनडे सीरीज में नियमित कप्तान रोहित शर्मा के वापसी होई। उहे कमानो संभरिहें। भारत बनाम श्रीलंका सीरीज के सुरुआत टी20 मैच से होई। पहिला मैच तीन जनवरी के मुंबई में खेलल जाई।
टी20 टीम में सीनियर खिलाड़ी ना, पंत के छुट्टी
टी20 सीरीज खातिर नया टीम इंडिया में रोहित शर्मा, विराट कोहली आ केएल राहुल के सामिल नइखे कइल गइल। हालांकि, राहुल के ना होखला के वजह उनकर अथिया शेट्टी से शादी के मानल जा रहल बा। ओहिजा, ऋषभ पंत के दुनो फॉर्मेट से बाहर कs दिहल गइल बा। ईशान किशन टी20 आ वनडे सीरीज के खातिर भारत के विकेटकीपर होई।
श्रेयस अय्यर के टी20 टीम में सामिल नइखे कइल गइल। ऊ न्यूजीलैंड दौरा पs टी20 टीम में रहस। टी20 टीम से गेंदबाजन में कुलदीप यादव आ भुवनेश्वर कुमारो के छुट्टी हो गइल बा। शिवम मावी आ मुकेश कुमार नया चेहरा होई लो। शिवम मावी हाले में मिनी ऑक्शन में सबसे महंगा अनकैप्ड प्लेयर रहल रहस थे। ओहिजा, तेज गेंदबाज मुकेश कुमार के घरेलू क्रिकेट में सानदार प्रदर्शन के इनाम मिलल बा।
#TeamIndia squad for three-match T20I series against Sri Lanka.#INDvSL @mastercardindia pic.twitter.com/iXNqsMkL0Q
— BCCI (@BCCI) December 27, 2022
श्रीलंका के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम:
हार्दिक पांड्या (कप्तान), सूर्यकुमार यादव (उपकप्तान), ईशान किशन (विकेटकीपर), ऋतुराज गायकवाड़, शुभमन गिल, दीपक हुड्डा, राहुल त्रिपाठी, संजू सैमसन, वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, अक्षर पटेल, अर्शदीप सिंह, हर्षल पटेल, उमरान मलिक, शिवम मावी, मुकेश कुमार।
#TeamIndia squad for three-match ODI series against Sri Lanka.#INDvSL @mastercardindia pic.twitter.com/XlilZYQWX2
— BCCI (@BCCI) December 27, 2022
वनडे टीम से धवन आ पंत के छुट्टी
वनडे सीरीज खातिर रोहित शर्मा वापसी करिहें। संगही कोहली आ राहुलो के टीम में सामिल कइल गइल बा। हालांकि, राहुल के उपकप्तान के दर्जा से हटाके डिमोट कइल गइल बा। हार्दिक पांड्या उपकप्तान बनावल गइल बाड़ें। शिखरो धवन के टीम में सामिल नइखे कइल गइल। धवन रोहित के गैरमौजूदगी में टीम के कप्तान रहलें। धवन के जगह ओपनर के तौर पs शुभमन गिल के सामिल कइल गइल बा।
पंत के टीम से बाहर कs दिहल गइल बा। ईशान किशन आ केएल राहुल विकेटकीपर खातिर पहिला पसंद होई लो। एकरा अलावा टीम में मोहम्मद शमी के वापसी होई। सुंदर, चहल, कुलदीप, अक्षर, सिराज आ उमरान जगह बनावे में कामयाब रहल लो। ओहिजा, अर्शदीप के वनडे टीम में वापसी भइल बा। उनका के बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज से आराम दिहल गइल रहे। अनुभवी तेज गेंदबाज भुवनेश्वर कुमार के वनडे के टीमो में सामिल नइखे कइल गइल।
श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर भारतीय टीम:
रोहित शर्मा (कप्तान), हार्दिक पांड्या (उपकप्तान), केएल राहुल (विकेटकीपर), शुभमन गिल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, ईशान किशन (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अक्षर पटेल, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, उमरान मलिक, अर्शदीप सिंह।